DIRECT BHOJPUR SE
Published in Sanmarg on 28th Oct, 2012
आपन कोलकाता में दुर्गा
पूजा के धूम देखे लायक बनेला ... देश - विदेश के कोना कोना से लोग
आवेला ... आsss अबकी तsss थीम पूजा के नाम पsss काsss काsss ना देखे मिलल
हsss ... सच कहल गईल बाटे कि कोलकाता ... भारत के कलचरल
कैपिटल हवेsss ... बोलोsss दुर्गाsss माईsss कीsss ... मज़ा आsss गईल |
कोलकाता police के भी दाद देवेsss के पड़ी ... अरे !!! भाई !!! ...traffic के
movement जवन तरीका से भईल हsss ... सच कही तss ... कोलकाता police खातिर ज़ोरदार
ताली बजावेsss के चाहीं | शांति से दुर्गा पूजा घुमे के मिलल ... हर
इलाका के दुल्हन नियन सजल देखे के मिलल ... ऑटो वालन के अच्छा व्योहार
देखे के मिलल ... फूटपाथ पsss बैठे वाला hawkers भाई के भी एक से बढ़कर एक
व्यंजन परोसत देखे के मिलल ... ओवर आल इsss हेsss कहब कि साल 2012 के दुर्गा
पूजा बड़ा निक तरीका से बीतल और ... आम जनता काम पsss लाग गईलsss ... बस कुछ
कुछ सरकारी कर्मचारी अभी भी छुटी के मूड में बा लोग । सभे कोई महंगाई ... और
बाक़ी समस्या के दुर्गा पूजा के पांच दिन खाती भुला गईल रहेsss ... अबकी
तsss शहर कोलकाता में डांडिया के धूम भी खूब देखे के मिलल ... छोट बड़ मिला
के तक़रीबन दस जगह डांडिया पर लोगन के धूम मचावत देखनी ... एक ओर दुर्गा पूजा
के भीड़ तsss दोसर ओर डांडिया के धमाल ... जब जब हम डांडिया के धमाल के हिस्सा बने
गईनी ... हमरा तsss लागल कि हम या तsss राजस्थान में बानी या फिर गुजरात में ...
आपन कोलकाता सभे खाती हsss इsss एकर प्रमाण दे रहल बाटेsss ... काsss कहींsss
कोलकाता शहर हsss बड़ा अलबेला ... एइजा केहू नइखे अकेला | अबकी तsss कईsss कईsss
दुर्गा पूजा के मंडप में चार - चार दिन पूजा क्लब की ओर से भोग के इंतज़ाम
रहे ... कहेsss वाला के इsss भी कहनाम बाटेsss कि अबकी दुर्गा पूजा में
तक़रीबन पंद्रह सौ करोड़ रुपया खर्च हो गईलsss ... अब इsss तsss ऊपर वाला
ही जनिहेsss ... कि बात कतना तक सही बाटेsss ... खैर !!! जवन भी होखेsss ... साल
में एक बार तsss इss होखे के ही चाहींss ... काsss जीsss ??? ... ठीक कहतानीsss
नूsss !!! | आजकल एगो बात खूब सुने में आ रहल बाटेsss कि दुर्गा पूजा के बाद से
अपना बंगाल में पोलिटिकल झमेला खूब होखी | हमरा तsss इsss नइखे समझ में आवत
कि झमेला के शुरू करेलाsss ... काहेsss शुरू करेलाsss ... अब कहे वाला तsss इsss
भी कहेला कि आजकल घरेलु झगड़ा पर पालिटिकल रंग चढ़ा दिहल जा रहल बाटेsss | खैर!!! आज
चलsss तानी ... नेक्स्ट वीक ... फिर मुलाकात होखी ... तब तक ठिक से रहब सभेsss
.... एsss ही के साथ राउर इ रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बा टाटा
... बाय ... बाय .... सलाम नमस्ते !!!
Published in Sanmarg on 21st Oct, 2012
कोलकाता के रंग आज देखे
लायक बाटेsss ... चारो और ख़ुशी के माहौल बाटेsss ... दुर्गा पूजा के भीड़ ...
डंडिया के धूम ... काsss कहींsss ... गज़बsss ... गज़बsss । नॉर्थ कोलकाता के पूजा धूम
मचाई कि साउथ कोलकाता के ... इस्ट और वेस्ट कोलकाता भी अबकी केहू से पीछे नइखेsss रहे
चाहत ... इsss तsss सब पूजा मंडप देखला के बाद ही कुछ कहल जा सकेsss ... पिछला कई साल
के नियन अबकी भी हम हमार साथी रेडियो जॉकी प्रज्ञा के साथे ... एगो बंगला न्यूज़
चैनल के होके दुर्गा पूजा जज के रोल अदा कर रहल बानीsss ... कसम गंगा मइया कीsss
... अपना कोलकाता में दुर्गा पूजा के दौरान जवन कलाकारी देखे के मिलेलाsss शायद उsss
कहीं ना मिलीsss ... फिलहाल मंडप मंडप घूम के हमार मन तsss इहेsss कह रहल बाटे की दुर्गा
मैया के जय होsss ...मंडप सजावे वालन कलाकार के जय होsss ... तमाम मूर्तिकार
के जय होsss ... यकीन मानी हम एक बार फिर कहब कि अबकी भी कोलकाता में सजावल तमाम दुर्गा
पूजा मंडप के देखला बाद रउआ सभे भी इहे कहब कि भईयाsss ... भारत दर्शन तsss काsss
... दुनिया दर्शन हो गईलsss ... बहुत कुछ देख लिहनीsss ... मन एकदम बाग़ बाग़ हो गईलsss
... मन के गार्डन में ख़ुशी के माहौल बन गईलsss । मिठाई दुकान पर तरह तरह के आइटम देखे
के मिल रहल बाटेsss ... साथ ही साथ मन में एगो सवाल भी उठ रहल बाटे कि भईया जेsss इsss
कहेला कि आपन राज्य में पइसा नइखे उsss कतना सही कह रहल बाsss ... खैर ! ढ़ेर सोच के
काsss होखीsss ... आम जनता के हिस्सा हयींsss हम ... हमार काम हsss बस साँस लिहल
... हम ले रहल बानीsss । कबो महंगाई के नीचे दब केsss ... तsss कबो भ्रष्टाचार के आग
में जल - जल केsss ... तsss कबो कुछ - कुछ नेता मंत्री के बकवास सुन - सुन केsss |
बात अगर हम कहे लागींsss तsss बहुत बात निकल आयीsss ... आsss इsss तsss रउआ सभे जनबे
करेनीsss कि ... बात से बात निकल आवेला ... आज कल हर तरफ केजरीवाल के बात के ही चर्चा
बाटेsss ... हम तsss कबो - कबो इहोsss सोचेनी की भैया इsss केजरीवाल तsss वाकई बहुत
जिगर वाला इंसान हवन ... अब रउए बताईं की जेकरा के देश के क़ानून मंत्री धमकी दे रहल
बाटे उsss कतना मज़बूत इरादा वाला इंसान हो सकेलाsss ... भाईsss माने पड़ी इsss
केजरीवाल जवान के ... कतना तरह के घपला और घोटाला के खबर इsss राखेलन ... वोइसे
... हमनीके कुछ कुछ नेता मंत्री तsss एकदम फ़िल्मी स्टाइल में धमकी देला लोग | आजकल
हम इsss भी गौर कइलेsss बानी कि हर गली मुहल्ला के चाय दुकान पsss सोनिया जी अउर
उनकर कांग्रेस पार्टी के ले के ढेरsss तर्क बितर्क हो रहल बाटेss ... केहू कह रहल बाटे
कि उss बहुत जल्द आपन लाडला ... हम सब कर राहुल भईया के प्रधान मंत्री बना दिहेss
... तsss कुछ लोगन के कहनाम बाटे कि नाsss ... उsss अइसन ना करिहेsss ... अब रउआ दिमाग
से का जवाब निकलता प्लीज़ हमरा के ईमेल कई देब ... हमार ईमेल आइडी हss rjrakesh@yahoo.com | दुर्गा
पूजा के मौका पsss ढेर राजनीति के बात अगर ना होखे तsss ओही में ढेर मज़ा बाटेsss
... काsss जीsss हम ठीक कहतानी नू ??? अच्छा तsss आज हम चलsss तानी नेक्स्ट वीक फिर
मुलाकात होखी ... ठीक से रहब सभेsss ... दुर्गा पूजा के मज़ा लेत रहीं अउर हँ ! रोज़ कसरत
करत रही जाsss ... काहे कि महंगाई से लड़त रहे के बाटेss ... एsss ही के साथ राउर इsss
रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाsss टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते
!!!
Published in Sanmarg on 14th Oct, 2012
कवना और हम आपन नज़र
दौड़ाईsss ... रोबेर्ट भैया की ओर ... ना कि उनकर बेग़म प्रियांका के मैया की
ओर ... दिमाग अझुरा गईल बाsss हमार ... कसम गंगा मईया कीsss ... समझ में नइखेsss आवत
कि रोबेर्ट भईया के तक़दीर के लिखलसsss ??? ... भगवान् नsss कि उनकर सासू मईयाsss
.... जब से डी एल एफ वाली बात हमरा कान में आईल हsss तब से मन बेचैन बाsss .... तरह
तरह के सवाल दिमाग में आ रहल बाटेsss ... पढला लिखला से तक़दीर बनेलाsss कि बड़े घर
की बेटी से बियाह कईला से ? खैर ! जब जवन होखे के बाटे तवने होखीsss .... अब सेन्ट्रल
के सरकार के साँस कब तक चली इsss तsss ऊपर वाला ही बता सकीहेंsss ... मायावती
के बात .... मुलायम के साथ .... केकरा सामने जोड़े के पड़ी हाथ ... कई तरह के सवाल
खेल रहल बाटेsss लोगन के दिमाग में .... लेकिन असल सवाल तsss इsss
बाटे कि भईया आपन देश घपला और घोटाला में अउर कतना डूबीsss । का कहीं .... कांग्रेस
सरकार के हम दस में कतना पॉइंट दीsss ... इsss हम सोच ही नईखी पावतsss ...पता
ना !!! हमरा तsss कबो - कबो इsss लागता कि .... कहीं कांग्रेस के हर नेता ....पार्टी
से निकल कर, कवनों ... आपन - आपन नायका पार्टी ना बना लेवेsss लोग .... खैर
!!! जवन भी होखीsss हमनी के आम जनता खातीsss ठीकेsss होखीsss ... और वैसे भी, अगर हम
पोज़िटिव थिंकिंग ना राखी तsss का करीsss | आजकल हम इsss भी सोचेनी कि हमनी के
पी एम् साहब कवन लेवल तक पोज़िटिव थिंकिंग रखेलनsss, नाsss ... नाss हम चिदंबरम
साहब के ले के ज़्यादा टेंशन ना लेवे नीsss ... काहे कि उनकर बात हमारा बुझैबे ना करेsss
... आsss जवन बात हमार दिमाग में एंट्री ना लेवेsss चाहेलाsss ... ओकरा
के लेकेsss हम ढेर टेंशन ना लेवे नीsss | दुर्गा पूजा के रंग में आपन शहर कोलकाता
अब पूरा रंग चुकल बाटेsss ... जवन तरीके से पूजा खाती खर्च भईलsss बाटेsss
... ओकरा के देख के केहूsss इsss ना कह सकेsss कि अपना राज्य में पैसा नइखेsss ...
अरे !!! भाईsss ...कश्मीर से लेकर कन्याकुमारी तक के दर्शन हो जालाsss ... इsss दुर्गा
पूजा के दौरान ... अबकी बार तsss हमरा इsss भी सुने में आईल बाटेsss कि ज़्यादातर
पूजा में कवनो ना कवनो नेता इनवोल्वड बाsss लोगsss ... कहेsss वाला नेता तsss इsss
भी कह रहल बाटे कि कई नेता के दुर्गा पूजा में तsss एक करोड़ से भी ज़्यादा रुपया खर्च
हो रहल बाटेsss ... पता ना !!! एकरा के हम सच मानीsss कि झूठsss ... अब हमरा
कान में एगो बात इsss भी आईल बाटेsss कि कुछ - कुछ नेता तsss दुर्गा पूजा के
नाम पsss अच्छा ख़ासा पैसा भी वसूल लेता लोग | अबsss रउआ सभे कहब कि हम उsss नेता लोगन
के नाम जाने नीsss कि नाsss ... तss अब का कहीsss हमरा कपार पsss कवनो अन्टीना
तsss नइखे ... मगर हाँ !!! इsss तरह के खबर भी नेता लोगन के मुह से ही निकले
लाsss ... अब काsss बाटेsss कि सब नेता तsss भ्रष्ट नइखे नूsss ... वरना देश कैसे चलित
??? | दुर्गा पूजा के अवार्ड लेके भी काफी हंगामा हो रहल बाटेsss ... खबर हवा में
उड़ रहल बाटेsss कि इsss साल दुर्गा पूजा के अवार्ड भी बिका रहल बाटे ... बस सही
जुगाड़ होखे के चाहींsss .... इsss सब बात पsss हम तsss एक ही बात कहब ... बोलोsss
दुर्गाsss माईsss कीsss ... जैsss ... हे !!! दुर्गा मैया ... प्लीज़sss
इsss देख लीsss हsss कि हमरा कान में जवन भी बात आ रहल बाटेsss उsss सब झूठ होखेsss
... अफवाह होखेsss | हमरा दुर्गा पूजा बड़ा निकsss लागेला ... बस
!!! इsss हेsss उम्मीद करेनी कि अगर दुर्गा पूजा के खर्चा पsss तनी कण्ट्रोल
कईल जा सकेsss ... खैर !!! ... अगर दुर्गा पूजा करेवाली इsss क्लब ... तनी
अवार्ड के रेस से अपना के दूर रखीsss हेsss जाsss तsss शायद ... काफी
अलग लागी हमनी के इsss दुर्गा पूजा | खैर ! नवरात्र के मज़ाsss ली ...
दुर्गा पूजा के मज़ाsss ली ... खाईsss ... पीहीsss ... मौजsss करीsss
...हाँ !!! ठीक से रहब सभे ... ए ही के साथ राउर इsss
रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बा कि नेक्स्ट वीक फिर
मुलाक़ात होखी ... तब तक खाती ... टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते
!!!
Published in Sanmarg on 7th Oct, 2012
जईसेsss जईसेsss दिन बढ़ रहल बाटेsss
... कोलकाता में पूजा के तैयारी भी ज़ोर पकड़ रहल बाटेsss ... थीम पूजा के तsss
भरमार हो गईल बाटेsss ... एगो मुहल्ला में अगर तीन गोsss पूजा होखियें सsss ...
तsss ओमे से दुगो पूजा तsss थीम पूजा होखीsss ज़रूर ... अभी तक हमरा नज़र में जवन
आईल बाटेsss ... शाट कट में तsss हम इहे कह सकेनी कि अबकी तsss पूरा भारत दर्शन हो
जाई .... कई जगह तsss आकाश पताल के दर्शन भी हो जाई ... अजी काsss कहीं कई पूजा
में तsss अइसन थीम रखल गईल बाटे कि उsss कवनों कवि के कल्पना से कम नइखे ... एक
बात हम दावा के साथ कह सकेनी कि कोलकाता के नियन दुर्गा पूजा दर्शन कहीं ना
भेटाईsss ... कोलकाता में तsss दुर्गा पूजा से जुड़ल अइसन - अइसन बात बाड़ी सsss
कि पूछी मत .... गंगा मैया के कसम ... एक जाना बाडन जे मुहल्ला के क्लब के दुर्गा
पूजा में हेल्प करे खातिर ... आपन वाइफ के गहना तक बन्धकी राख देले रहलनsss ...
पूजा पागल के कोलकता में भरमार बाटेsss ... एगो गाना याद आ रहल बाटे ... दिलss
तोss पागलss हैss ... दिलsss दीवानाsss हैsss ... आगे का कहीं दुर्गा पूजा खाती
जानsss भीsss लगानाsss हैsss ... खैर ! एइजा के दुर्गा पूजा के जवाब नइखेsss ...
ईsss तsss सभे केहू के मालूम बाटे | आजकल तsss पूजा शौपिंग खातिर जवन भीड़ हो रहल
बिया कि पूछी मत .... सूरज चाचू के गायब होखला के बाद ... कवनों भी मार्केट में
खाली मूड़ी ही मूड़ी लउकता ... आदमी खरीद रहल बाsss ... खाsss रहल बाsss ... एक पल
तsss ईsss भी लागेला कि बे ! यार केsss कहता कि हमनीके गरीब हैं जाsss ... आम जनता
के हाथ पsss पैसा नइखे | इsss दुर्गा पूजा के मौका पsss बोनस मिलल कि आदमी खरीदारी
करे टूट पड़ेलाsss ... बोनस से एगो बात याद आईल बाटेsss ... अब का कहींsss एगो बात
हमरा कान में आईल बाटे कि कोलकाता के ऑटो रिक्शा चलावे वाला भाई लोग ... आजकल रेट
टूडsss देले बाsss लोग ... जेकरा मन में जवन आsss जाता उsss पैसेंजर से उहे ले
लेताsss ... आ जब केहू पूछता कि भाई इsss तsss रेट ना हsss ... तsss ऑटो वाला से
जवाब मिलाता कि इsss पूजा बोनस हsss ... एकरा पहीले हम खाली ... पार्किंग वालन के
देखले रहनी कि पूजा पर्व के दौरान ... तनी रेट से ऊंचा ले रहल बाsss लोग ... खैर !
ठीकsss ए बाsss ... जब जइसन तब तइसन ...काsss कहींsss लगे रहो इंडियाsss | आजकल
आपन इंडिया महंगाई से ज़्यादा परेशान बियाsss ... अब कहे वाला तsss इsss भी कह रहल
बाटे कि इंडिया इsss कांग्रेस सरकार से परेशान बियाsss ... अब कवन बात पsss आपन
सोच दौडावल जाओ इsss सोचे वाली बात बियाsss ... हम तsss कबो कबो इsss हेsss सोचेनी
कि अगर बाहर से तमाम काला धन आपन देश में आsss जाई तsss काsss हमनीके बहुत कुछ
मुफ्त में मीले लागीsss ना कि इsss सब बात के बात हsss ... कतना घोटाला हो रहल
बाटे ... पकड़ा भी रहल बाटेsss लेकिन सवाल इsss बिया कि काsss ओसे अपना देश के आम
जनता के कवनो फ़ैदा बाटेsss ... हमरा तsss अब इsss हेsss बुझाता कि चाहे जवन भी हो
जाएsss सिलिंडर हमनीके ऊंचा दाम पsss ही लेवे के पड़ी ... भारत के चाहे कांग्रेस
... बीजेपी भा कवनों और पार्टी गुमराह करे ... ओसे का फरक पड़ेवाला बाsss ... आलू
तsss आम जनता के प्लेट पsss महंगाई के जांताsss में ही कुंचा के आईsss | खैर!!! आज चलsss तानी ...
नेक्स्ट वीक ... फिर मुलाकात होखी ... तब तक ठिक से रहब
सभेsss ....एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह
रहल बाsss टाटा ... बाय ... बाय .... सलाम नमस्ते !!!
Published in Sanmarg on 30th Sept, 2012
आज
सितम्बर के आखरी दिन ह ... काल से अक्टूबर शुरू .... दुर्गा पूजा के महिना
आ गईल .... आपन शहर कोलकता ... दुर्गा पूजा के रंग में रंग चुकल
बाटेss ... हर तरफ तैयारी में लोग लागल बाटेsss ... गली मुहल्ला में रास्ता
रोक
दिहल गईल बाड़ी सsss … एगो चीज़ देख के हैरान बानी कि करोड़ों रुपया … इsss
दुर्गा पूजा के दौरान हवा में उड़ा दिहल जाला … काsss एकर खर्च तनी कम ना
कईल
जा सके … अरे ! भाई … बड़का ... बड़का दिमाग के इsss हम सोचे देतानीsss ...
हम अब ना सोचब …. काहे कि ज़्यादा सोचला के बावजूद ... सरकार हिल जातिया ...
बाक़ी के बात पsss हम का कहींsss ... खैर ! अपना बंगाल में पूजा शौपिंग भी
ज़ोर शोर से
चल रहल बाटे ... कहे वाला कह रहल बाटे कि अगर टोटल दुर्गा पूजा के
कीमत लगावल जाएss ... तsss अपना कोलकाता के दुर्गा पूजा के कीमत होखी
तक़रीबन 1500
करोड़ रुपया .... वाह !!! भाई !!! वाह !!! एगो खबर कान में इsss भी आईल
बाटे
कि अबकी दुर्गा पूजा में ... डेढ़ सौ से भी ज़्यादा कंपनी बेस्ट पूजा के
अवार्ड देवे खाती मैदान में कूद रहल बाड़ी सsss | पूजा के माहौल में भी हमार
मन तनी
शहर कोलकाता के ऑटो रिक्शा के ओर ढेर रहेला ... भाई उsss लोगन के चलावे
के तरीका तsss पूछीं मत .... हमरा तsss इsss लागता कि अब ऑटो में उsss
हेsss
बैठ सकेला जेsss कवनों कमांडो ट्रेनिंग ले ले बाटेsss ... भाsss उsss इंसान
ऑटो से
सफ़र करी जे हर कदम ... आपन जान आपन हथेली पsss लेके घूम सकेला ... और तsss
और
... ऑटो वाला से अगर केहू पंगा ले लिहलस ... तsss समझ लss कि उनकर खैर
नइखेsss ... इsss ऑटो वाला कवनों दादा से कम ना हsss लोग ... कुछ कुछ एरिया
में तsss
इsss लोग रेट बोर्ड रहला के बावजूद ... अपना मन से जब तब भाडा लेवे ला लोग
|
हम तsss बड़ बड़ नेता लोगन से इss हे कहब कि रउआ सभे का ना कर सकेनी जाsss
... तss
इsss बिगडैल ऑटो वाला दोस्तन के तनी काहे नईखी सुधार देत सभेsss ... समाज
के
कल्याण हो जाईsss ... काहे कि पोलीस तsss सब कई देता लोग ... कहे के मतलब
इsss बाटे
कि चोर, डकैत ... कातिल सब के पकड़ लेता लोग ... मगर पता ना इsss ऑटो वाला
भाई लोगन
के सामने इsss पोलीस वाला भाई लोग काहे फिका पड़ जाता ... हमरा मन में एगो
ख्याल आईल बाटेsss कि कहीं इsss ऑटो वाला से पोलीस के कवनो कनेक्शन तss
नइखे
नूsss ... | खैर! जवन होखे के बा उsss तsss होखबे करी ... रउआ सभे भी पूजा
प्लान
बना ली कि काss करे के बाटे ... हम तss हर दुर्गा पूजा पss नज़र रख रहल
बानी ... अगर रउआ लागे कि राउर पाड़ा के क्लब भा रउआ जहां रहेनी ओइजा कवनो
दुर्गा पूजा के आयोजन हो रहल बिया ... आsss रउआ उsss पूजा के बात सभ के
बतावे चाहsss तानीsss तsss प्लीज़ हमरा के इमेल कई दी ... हमार इमेल
एड्रेस हss rjraakesh@gmail.com
| आsss हाँ ! महंगाई और सेंट्रल के राजनीति के लेके ढेर मत सोची ... काहे
आज कल हर तरफ इहेsss नारा बिया कि अब कवनों नइखे रह गईल रास्ता ... सभे के
खाए पड़ी पिज्जा और पास्ता | ऍफ़डीआई ... अरे माई ! हम त इहे जाने नी कि आम
जनता महंगाई के चक्की में पिसाsss रहल बिया ... आगे भी पिसात रहीsss ...
अगर कहीं नेता मंत्री के कृपा हो गईल ... तsss शायद कल्याण हो जाए ... ना
तsss भइया राम नाम जपना आधा पेट रहना ... आsss ज़िन्दगी में तरक्की है करना
तsss हर पल चुप रहना ... एकर आगे हम और का कहीं .... जानमsss समझाsss
करोsss | तsss आज चलsss तानीsss ...
नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ठीक से रहब सभे ... एsss ही के साथ राउर
इsss
रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे ... टाटा ... बाय ... बाय
...
सलाम नमस्ते !!!
Published in Sanmarg on 23rd Sept, 2012
भारत बंद से कतना फ़ायदा भईल इsss तsss
हम ना कह सकींsss ... हाँ ! अतना ज़रूर कह सकेनी कि अगर बंद होखला से आम जनता के ज़िन्दगी
से महंगाई गायब हो जाई तsss अइसन बंद हफ्ता में एक बार ज़रूर होखे के चाहींsss
.... राजनीति में आजकल कतना नीति रह गईल बाटे इsss सोचे वाली बात बियाsss ... पता ना
काहे !!! हमरा आजकल कुछ कुछ राजनीति पार्टी तsss कबो कबो बेहाया के गाछ नियन लागेली
सsss ... अब देखीsss .... के कब का कह रहल
बाटेsss ... वोकरा से आम जनता के काsss फैयदा होखी ... कब होखीsss ... होखबो करी कि
नाsss .... अगर भईल भी तsss देश के कहीं नुक्सान पहुंची कि नाsss ... अइसन ढेर सवाल
रउआ सभे के दिमाग में भी घुमत होखीsss ... लेकिन सबसे बड़ सवाल इsss बाटे कि का आम
जनता के लेके ... केहू सोच रहल बाटे ???... और अगर सोच रहल बाटे तsss उsss इंसान के
सोच ... हकीकत में कब बदली ??? ... कब आम जनता के कपार पर से महंगाई के बोझ उतारी
??? ... बाज़ार के हालत त केहू से छुपल नइखे ... आवे वाला दिन में का हमनीके तरकारी
खाली किताब के पन्ना पर ही देखब ... भा कहीं अइसन समय तsss ना आई कि बिकाए वाला दूल्हा
आपन कीमत के तौर पर हरियर ताज़ा साग सब्जी मांगे लागेsss ... हे भगवान् !!! ... तनी ध्यान रखिहsss .. हम इंडियन पsss .. अब
इsss बतावे वाली बात थोड़े ही बिया कि हमनी के बड़ा फेर में बानी जाsss ... अब इsss
फेर में हमनी के के डलले बाटे ??? ... हमनी के कांग्रेस सरकार या फिर अमेरिका के पाँव
के नीचे से ज़मीन के खिस्कल ... अमेरिका अगर आर्थिक मंदी से लड़ रहल बाटे तsss एकर
प्रभाव हमनी पर कतना पड़ी ??? ... इहेsss सोच में आजकल हम हौं घुमात रहेनी ... कहेवाला
तsss इsss भी कहेला कि अपना देश में भ्रष्ट नेता के संख्या बहुत ज़्यादा हो गईल बाटेsss
... अब अगर कुछ केहू करी तsss भगवान् श्री कृष्ण ही करिहें ... और एने राजनीति जगत
के लोगन के कहनाम बाटे कि राजनीति के माडर्न श्री कृष्ण तsss अब राष्ट्रपति भवन के
हवा में ही रहेलन ... बड़ा अझुराईल मामला बाटे ... का कहींsss ... एइजे खत्म करsss
तानीsss इsss बात के ... आपन दिमाग अगर हम ढेर राजनीति में लगायीब ... तsss काल जब
आलू पचीस रुपया और पियाज़ सौ रुपया भा गरीबन के दाल दू सौ रुपया किलो ख़रीदे के पड़ल
त दिमाग के चनाचूर हो जाई | का जी हम कवनों गलत बात नईखी नू कहत ... देख लेब जहाँ हमार
बात में कवनों हेर फेर लागे तsss बेहिचक हमरा के ईमेल कई देब ... रउआ सभे के ईमेल पढ़
के हमरा बड़ा मज़ा आवेला | अब तनी शहर कोलकाता के बात हो जाओ ... साऊथ कोलकाता में जवन
रविन्द्र सरोवर स्टेडियम बियाsss ओइजा के हाल सुने में आ रहल बाटे कि बड़ा बेहाल बाटे
... सूरज चाचू के डूबला के बाद तsss कवनों शरीफ आदमी उsss जगह से गुज़र ना सके ...
कहे वाला कहले बाटे कि ओइजा या यूँ कहीं कि उsss इलाका में कइ तरह के ड्रग्स बेचात
मिल जाला ... हम आपन तहकीकात जारी रखले बानी ... एक बार तनी सम्पूर्ण सबूत मिल जाए
तब बता सकब कि एकरा पीछे केकर हाथ बाटे ... अभी तक तsss इहे पता चलल बाटे कि चार पांच
आदमी के कवनों ग्रुप बिया उsss हेsss इsss काम के अंजाम दे रहल बाटे ... खबर तsss हमरा
कान में इsss हो आयेल बाटे कि ओइजा कुछ कुछ कम उम्र के खिलाडी भी ड्रग्स के शिकार हो
गईल बाटे ...अब सवाल इsss बाटे कि काsss अन्धेरा में ड्रग्स बेचे वाला ही सुबह के डूबावे
खाती जिमेदार बाटे ... खोज बिन हम जारी रखले बानी | सुने में इsss भी आईल बाटे कि ओइजा
सुबह ढेर भीड़ ना होखे ताकी कम उम्र के खिलाड़ियाँन के ड्रग्स बेचे में आसानी होखे
एकरा खाती भी उsss लोग काफी पैंतरा बाँध रहल बाटे ... अब देखी सच्चाई के सामना कब होखता
... ना कि हमरा कान में जवन बात आईल बाटे उsss महज़ एगो अफवाह हsss ... खैर ! हम तsss बस इsss हेsss दुआ करब कि हमनी के खेल कूद
के मैदान की हरियाली बनल रहे ... देश के उभरत खिलाड़ियाँन के हेल्थ भी बनल रहे | तsss
अब हम चलsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... ठीक से रहब सभे ... आपन
हेल्थ के ध्यान राखब ... मौका निकाल के मोर्निंग भा इवनिंग वाक् ज़रूर करीं ... कोलकाता
में काफी पार्क भा मैदान बाड़ी सsss ... एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला
दोस्त राकेश कह रहल बा टाटा ...बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते !!!
Published in Sanmarg on 16th Sept, 2012
तमाशा देख के ताली बजावे के केकर मन
नाsss करेला ... लेकिन आजकल जवन तमाशा हम संसद भवन के दया से देख रहल बानी ... वोकरा
खाती ताली बजायी कि रोयीं ... इहेsss समझ में नइखे आवत ... संसद भवन के ताज़ा ताज़ा टीवी
रिपोर्ट पर जब भी हमार नज़र पड़ जाता ... कबो त शर्म से नज़र झुक जाता तsss कबो हम ज़मीन
से जुड़ जातानीsss ... कहे के मतलब इsss हेsss बाटे कि कुछ कुछ नेता मंत्री के बात
पsss हम ज़मीन पsss लोट लोट के हँसे पsss मजबूर हो जातानीsss ... हमरा ख़याल से संसद
भवन से टीवी पsss जवन सीधा प्रसारण देखे के मिलेला उsss कवनों फिल्म से कम नइखे
... काsss नाsss रहेला ... ड्रामा ... ट्रेजेडी ... सस्पेंस ... कॉमेडी ... मिला जुला
के सब बाटे ... अब अइसन नइखे कि ओइजा बैठे वालन में नीमन आदमी नइखे ... बाटेsss
... उsss हो बाटेsss ... हम अगर एक बात में कहीं ... तsss संसद भवन हमरा के उsss आनद
देवेला ... जवन आनंद हमरा "शोले" ... "हम आपके हैं कौन" ...
"दिलवाले दुल्हनिया ले जायेंगे" भा इ कहीं कि "कुछ कुछ होता है"
जइसन फिल्म देख के मिलेला ... अब रउआ हमार बात के कतना गंभीरता से लेब इ त रउआ हमरा
से बेहतर जानब ... लेकिन एक बात हम दिल से कहतानी ... कसम गंगा मैया कि उsss हेsss
संसद भवन में कुछ कुछ अइसन आदमी भी बैठेलन जेकरा खाती आम जनता के सर गर्व से ऊपर भी
उठ जाला .... हम तsss भगवान् जी से इsss हेsss प्रार्थना करेनी कि हे ! भगवान् हमनी
के संसद भवन के कवनों कॉमेडी शो के बड़ स्टेज मत बना दिहsss ...खैर ! जब जवन होखे के
बाटे उsss तsss होख्बे करी ... फिलहाल तsss हम इsss हेsss कहब कि मेरा भारत महान
... कार्टून बनावे वाला के भी ... करे पड़ रहल बाटे जेल में जलपान | सब ऊपर वाला के
मर्ज़ी ... अब देख लीं अपना कोलकाता में ... मछरन के अत्याचार भी कम नैखे लेकिन
चक्कर तsss इsss बाटे कि मछर के मारी के ??? ... काहे किsss रउआ सभे जानsss तानीsss
कि एक मछर इंसान के काsss से काsss ना बना सकेला ... हमरा तsss बुझाता कि अगर अपना
शहर में मछर के तांडव बढ़ल बाटेsss तsss उsss खाली एही से कि ओकरा के मारे के रिस्क
केहू लेवे नइखे चाहत ... अब देखी परिवर्तन तsss सब ना नूsss अपना सकेला भाईsss | एगो
पुरान बात याद आ रहल बाटे कि हिम्मत ए मर्दा तsss मदद ए खुदा ... हिम्मत के बहुमंजिला
मकान हम कह सकेनी इंडियन स्टार क्रिकेटर युवराज सिंह के ... उsss कैंसर जइसन बिमारी
के मुह तोड़ जवाब देला के बाद जवन तरीका से मैदान में वापस अइलन हsss ... वोकर कवनों
जवाब नइखेsss ... युवराज तोहके सलाम यार | जियsss राजा ... बजा दsss अब तू ...एक बार
फिर मैदान पsss सब कर बैंड बाजा | एने अपना शहर कोलकाता में पूजा बाज़ार ठीक तरीके से
शुरू नइखे भईल एsss से बड़ बड़ शौपिंग मौल के साथ साथ ... छोट छोट बाज़ार वालन के टेंशन
भी बढे लागल बाटेsss ... चारो ओर एक ही बात के चर्चा बाटे कि अबकी पूजा बाज़ार में तेज़ी
भाsss गर्मी ... कब से आई ??? | कुछ लोगन के तsss इsss भी कहनाम बाटे कि अबकी पूजा
बाज़ार में उsss बात ना रही जवन आज से पांच साल पहीले तक के पूजा बाज़ार में रहत रहे
... खैर ! अभी समय बाटे ... हमरा ख्याल से पूजा बाज़ार ओक्टूबर के पहिला हफ्ता से ज़ोर
पकड़ ली ... का जी ठीक कहा तानी नूsss ... अरे ! भाई एक तारीख के सैलरी मिली तब नूsss
बाज़ार बनीsss | रउआ सभे भी दुर्गा पूजा प्लान बना लीsss कि काsss करे के बाटे ...
हम तss हर दुर्गा पूजा पsss नज़र रख रहल बानी ... अगर रउआ लागे कि राउर पाड़ा के
क्लब भा रउआ जहां रहेनी ओइजा कवनो दुर्गा पूजा के आयोजन हो रहल बिया ... आsss रउआ उsss
पूजा के बात सभ के बतावे चाहsss तानीsss तsss प्लीज़ हमरा के इमेल कई दी | तsss आज
चलsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ठीक से रहब सभे ... एsss ही
के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे ... टाटा ...
बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते !!!
Published in Sanmarg on 9th Sept, 2012
आजकल तsss दिमाग में एक ही सवाल घूम
रहल बाटे कि राज ठाकरे जवन कुछ भी कहेलन ... उsss काsss सोच के कहेलन ... काsss उनकरा
किहा दिमाग जइसन चीज़ बाटेsss कि नाsss ? राज ठाकरे किहाँ दिल नइखेsss इsss तsss उनकर
कुछ कुछ बात सुन के लागेलाsss ... कसम गंगा मैया कि जब इsss बात हमरा कान में आईल कि
राज ठाकरे के पूरा परिवार ही बिहार से हsss ... तब से हम तनी कनफुजियाsss गईल बानी
... अब जेsss इsss बात कह रहल बाटे ... उनकर तsss दावा बा कि ... इsss बात इतिहास के
पन्ना से निकाल के ले आईलsss बाडन ... अब देखी ... राजनीति के मैदान के एगो माहिर खिलाड़ी
हवन बाबू दिग्विजय सिंह जी ... उsss जब इsss बात उठवले बाडन तsss हमरा ख़याल से बात
में कहीं ना कहीं तsss सच्चाई ज़रूर होखी ... खैर ! अब तsss हमरा दिमाग में इsss बात
घूम रहल बाटे कि काल केहू इsss आवाज़ ना उठा दे कि ... भैया राज ठाकरे भी बिहारी हवन
... उनकरो के महाराष्ट्र से खदेडल जाओ ... तब काsss होखीsss ??? ... हमार उलटल खोपड़ी
में एगो बात बार बार घूमेला कि राज भैया एगो अच्छा आदमी हवन ... बस उsss तनी पब्लिसिटी
के अपना करीब राखे चाहेलन ... अब देखीsss ... मुंबई में अमिताभ बच्चन जइसन विख्यात
आदमी के ठौर ठिकाना बाटेsss ... उsss काफी नाम कमा लेले बाडन ... अब मुंबई में उनकर
से ढेर नाम कमावे खाती कुछ तsss अइसन करे के ही पड़ीsss ... कि ढेर नाम होखोsss ...
काsss जी हम कवनों गलत नईखी नूsss सोचत ... रउआ सभे गौर कैयीले होखब कि राज ठाकरे के
नाम उsss चीज़ से हमेशा जुड़ेला ... जहाँ पब्लिसिटी के ज़रुरत पड़ेला ... जैसे फिल्म
के रिलीज़ के लेके बवाल ... टीवी शो के लेके बवाल ... और भी बहुत कुछ बाटे अगर गिनती
करावे बैईठ गईनी तsss शायद दिन निकल जाई ... हम आपन दिमाग के कोसेनी ... काश हम्हौंsss
राज ठाकरे के छोट भाई होख्तीं ... तsss बिना मेह्नत के ही फेमस हो जैतींsss ... राज
भईया ... ज़रूर कवनों ना कवनों उपाए निकाल देतन ... चूँकि उनकर बात सुन के हमरा बहुत
हंसी आवेला ... उनकर बात से ही हम आपन कई टीवी शो ... रेडियो शो ... स्टेज शो में आईटम
भी बना लेवेनी ... लोग भी उsss आइटम बड़ा चाव से सुनेलन ... तsss ... हम तsss भगवान्
से इsss हेsss दुआ करब कि हे !!! भगवान ... राज भइया के बुद्धि मत दे दिहsss ... कि
उsss अब समझ के बोले लागस ... उनकर बात से बात निकाल के हम का हमरा जइसन कई आदमी के
फ़ैदा होखत होखी ... हम तsss इsss हेsss कहब कि राज भइया के जैsss होsss ... बस भगवान्
उनकरा के बिहारी समझ के ... मुंबई से मत निकलवा दिहsss ... वरना टीवी शो के टीआरपी
के काsss होखी ... जै हो जै हो जै हो | खैर
! काफी दिन के बाद बरखा रानी ... तनी मेहरबान भैयीली हsss हमनीके कोलकता पsss ... वोइसे
दुर्गा पूजा के तैआरी में शहर लाग गईल बाटे ... जगह जगह खूँटी पूजन भी हो गईल बाटे
... लेकिन बतावे वाला बता रहल बाटे कि अभी तक पूजा शौपिंग के बाज़ार में गर्मी नइखे
आईल ... ह !!! डेंगी भा डेंगू के लेके ढेर
घबरायीं मत ... समय के फेर हsss सब ठीक होइएsss जाई ... बस आपन ख़याल राखब जाsss
... तsss आज हम चलsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... एsss ही के साथ
राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम
नमस्ते !!!
Published in Sanmarg on 2nd Sept, 2012
काsss काsss देखी और काsss काsss सूनी ??? कवनsss कवनsss बात पर आपन नज़र राखी
??? सोचे में काफी टाइम निकल जा रहल बाटे ... समझल तनी मुश्किल हो गईल बाsss ... कतनाsss
मुश्किल कैसे बतायी ??? धई लीsss कि जेठ के महीना में बिना अंगोछा केsss ... अगर दू
- चार कोस पैदल चले के पड़ेsss ... खेत के पगडण्डी पकड़ केsss ... तsss का हाल होखीsss
... हमार बात हम रउआ के घूमा फिरा के अब ना समझा केsss ... सीधे सीधे कह देतानीsss
... कि आपन देश कोयला काण्ड से ढेर परेशान बाटे कि आपन प्रधान मंत्री के हर पल चुप
रहला से ... सांच कहीं तsss कोयला घोटाला अब सरकार के मुह पsss कतना कालिख पोती भाsss
पोत चुकल बिया इsss तsss रउआ हमरा से बेहतर जानेनी ... हम तsss आजकल खाली एक ही बात
के पता लगावे के चक्क्कर में घूमनी कि हमनीके आदरणीय सरदार जी कब खुल के बात करिहेंsss
... उsss काहे चुप रहेलन ??? उनकरा किहाँ सवाल के जवाब नइखे कि आजकल उनकर दांत में
दर्द रहेला ... हम सुनले बानी कि जे भी दांत उखडवावेला उsss आपन मुह बंद राखेला
... तsss कहीं अइसन ना नूsss कि हमनीके इsss प्रिय इंसान आपन मुह से तमाम दांत हटा
के नया इम्पोर्टेड दांत लग्वईहेंsss ... अब सवाल इsss भी उठ सकता कि उsss दांत अपना
देश में बनी कि इटली से तैयार हो के आई ... भाई ! हमार छोट दिमाग में तsss एक ही बात
आ रहल बाटेsss कि जहां के दांत वोहीं के बात ... काsss जी ! कवनों गलत सोच हमरा दिमाग
में नइखे नूsss खेलत ... अगर होखी तsss हमरा के इमेल कई के बता देब ... सुधारे लायक
कुछ होखी तsss हम सुधार भी लेब ... गंगा मैया के कसम हम कवनों नेता थोड़े ही हयींsss
कि आपन बात से मुकर जाईब ... भा निमन बात सीखला में हमरा कवनों प्रोब्लम बाटेsss |
कहे के तsss मन में बहुत कुछ बाटे मगर काsss काsss कहीं अब रउए कहीं कि कहींsss इsss
कोयला काण्ड से हमनीके ध्यान हटावे खाती ... कसाब वाली बात तsss मीडिया में नइखे नूsss
उछालल जात ... अब देखी हम जतना भी बड़ बुज़ुर्ग के चीन्हेनीsss भाsss जानेनी सब कर इsss
हेsss कहनाम बाटे कि कांग्रेस सरकार के दिमाग चाचा चौधरी से भी तेज़ चलेलाsss ... और
इsss बात तsss हम बचपन से सुनत आ रहल बानीsss कि चाचा चौधरी के दिमाग कंप्यूटर से भी
तेज़ चलेला ... आsss एनेsss पोलिटिक्स के मैदान के माहिर खिलाडी कहीं भा उनकरा के कुछ
और नाम दीहींsss हमरा समझ से बाहर बाटे ... अजीsss हम मुलायम जी बारे में कह रहल बानी
... हमरा तsss इsss हेsss नइखे बुझात कि उsss कांग्रेस के साथे बाडन कि कांग्रेस उनकरा
साथे ... हमार कहे के मतलब इsss बाटे कि काsss मुलायम जी ... भाsss बाबा रामदेव जइसन
बड़ बड़ इंसान शाम के चाय कवनों कांग्रेसी के साथे बैठ के पीयेलन लोग का ??? खैर
!!! तनी अझुरा गईल बानीsss ... पिछला हफ्ता तनी आरा और बलिया के लोगन से कम मुलाक़ात
भईल हsss ... अब रउआ इsss तsss मनबे करब कि आरा बलिया और छपरा के हर दिमाग में संसद
भवन बाटे | एने आपन बंगाल के राजनीति के तsss कुछ कहीं के नइखे ... चारो ओर हरियाली
बाटे ... अभी खाली देखे के मौसम बाटेsss एही से हम देख रहल बानीsss जब ताली बजावे के
मौसम आई तsss हम ताली भी बजा लेब ... बस काम पूरा हो जाए ... भगवान् के कृपा से
... और भगवान के कृपा रहल तsss हम बिना लन्दन गईले लन्दन के मज़ा भी लेsss लेहब | भारत
के अंडर - १९ वाली क्रिकेट टीम के वर्ल्ड कप जीतला पsss हम बहुते खुश बानी ... उsss
टीम के रविकांत आपन कोननगर से रिशडा के लाड प्यार में ही बड़ भईल बाडन ... छपरा से
उनकर तार भी जुड़ल बाटे हीsss ... लिहाज़ा ख़ुशी तsss डबल होइए गईल बाsss ... फिलहाल
तsss इsss हेsss कहब कि रविकांत तूsss ऐसहीं खेलत रहsss ... मनोज भइया के देखत रहsss
... उनकर जइसन मेह्नत करत रहsss ... बाकी सब तरह के सपोर्ट तsss रहबे करी ... तsss
अब चलsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... ठीक से रहब सभे ... खात रहीं
पीअत रहीं ... कवनों भी अफवाह से अपना के दूर राखब जाsss ... ए ही के साथ राउर इsss
रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाते टाटा ... बाय ... बाय .... सलाम नमस्ते
!!!
Subscribe to:
Posts (Atom)