काsss काsss देखी और काsss काsss सूनी ??? कवनsss कवनsss बात पर आपन नज़र राखी
??? सोचे में काफी टाइम निकल जा रहल बाटे ... समझल तनी मुश्किल हो गईल बाsss ... कतनाsss
मुश्किल कैसे बतायी ??? धई लीsss कि जेठ के महीना में बिना अंगोछा केsss ... अगर दू
- चार कोस पैदल चले के पड़ेsss ... खेत के पगडण्डी पकड़ केsss ... तsss का हाल होखीsss
... हमार बात हम रउआ के घूमा फिरा के अब ना समझा केsss ... सीधे सीधे कह देतानीsss
... कि आपन देश कोयला काण्ड से ढेर परेशान बाटे कि आपन प्रधान मंत्री के हर पल चुप
रहला से ... सांच कहीं तsss कोयला घोटाला अब सरकार के मुह पsss कतना कालिख पोती भाsss
पोत चुकल बिया इsss तsss रउआ हमरा से बेहतर जानेनी ... हम तsss आजकल खाली एक ही बात
के पता लगावे के चक्क्कर में घूमनी कि हमनीके आदरणीय सरदार जी कब खुल के बात करिहेंsss
... उsss काहे चुप रहेलन ??? उनकरा किहाँ सवाल के जवाब नइखे कि आजकल उनकर दांत में
दर्द रहेला ... हम सुनले बानी कि जे भी दांत उखडवावेला उsss आपन मुह बंद राखेला
... तsss कहीं अइसन ना नूsss कि हमनीके इsss प्रिय इंसान आपन मुह से तमाम दांत हटा
के नया इम्पोर्टेड दांत लग्वईहेंsss ... अब सवाल इsss भी उठ सकता कि उsss दांत अपना
देश में बनी कि इटली से तैयार हो के आई ... भाई ! हमार छोट दिमाग में तsss एक ही बात
आ रहल बाटेsss कि जहां के दांत वोहीं के बात ... काsss जी ! कवनों गलत सोच हमरा दिमाग
में नइखे नूsss खेलत ... अगर होखी तsss हमरा के इमेल कई के बता देब ... सुधारे लायक
कुछ होखी तsss हम सुधार भी लेब ... गंगा मैया के कसम हम कवनों नेता थोड़े ही हयींsss
कि आपन बात से मुकर जाईब ... भा निमन बात सीखला में हमरा कवनों प्रोब्लम बाटेsss |
कहे के तsss मन में बहुत कुछ बाटे मगर काsss काsss कहीं अब रउए कहीं कि कहींsss इsss
कोयला काण्ड से हमनीके ध्यान हटावे खाती ... कसाब वाली बात तsss मीडिया में नइखे नूsss
उछालल जात ... अब देखी हम जतना भी बड़ बुज़ुर्ग के चीन्हेनीsss भाsss जानेनी सब कर इsss
हेsss कहनाम बाटे कि कांग्रेस सरकार के दिमाग चाचा चौधरी से भी तेज़ चलेलाsss ... और
इsss बात तsss हम बचपन से सुनत आ रहल बानीsss कि चाचा चौधरी के दिमाग कंप्यूटर से भी
तेज़ चलेला ... आsss एनेsss पोलिटिक्स के मैदान के माहिर खिलाडी कहीं भा उनकरा के कुछ
और नाम दीहींsss हमरा समझ से बाहर बाटे ... अजीsss हम मुलायम जी बारे में कह रहल बानी
... हमरा तsss इsss हेsss नइखे बुझात कि उsss कांग्रेस के साथे बाडन कि कांग्रेस उनकरा
साथे ... हमार कहे के मतलब इsss बाटे कि काsss मुलायम जी ... भाsss बाबा रामदेव जइसन
बड़ बड़ इंसान शाम के चाय कवनों कांग्रेसी के साथे बैठ के पीयेलन लोग का ??? खैर
!!! तनी अझुरा गईल बानीsss ... पिछला हफ्ता तनी आरा और बलिया के लोगन से कम मुलाक़ात
भईल हsss ... अब रउआ इsss तsss मनबे करब कि आरा बलिया और छपरा के हर दिमाग में संसद
भवन बाटे | एने आपन बंगाल के राजनीति के तsss कुछ कहीं के नइखे ... चारो ओर हरियाली
बाटे ... अभी खाली देखे के मौसम बाटेsss एही से हम देख रहल बानीsss जब ताली बजावे के
मौसम आई तsss हम ताली भी बजा लेब ... बस काम पूरा हो जाए ... भगवान् के कृपा से
... और भगवान के कृपा रहल तsss हम बिना लन्दन गईले लन्दन के मज़ा भी लेsss लेहब | भारत
के अंडर - १९ वाली क्रिकेट टीम के वर्ल्ड कप जीतला पsss हम बहुते खुश बानी ... उsss
टीम के रविकांत आपन कोननगर से रिशडा के लाड प्यार में ही बड़ भईल बाडन ... छपरा से
उनकर तार भी जुड़ल बाटे हीsss ... लिहाज़ा ख़ुशी तsss डबल होइए गईल बाsss ... फिलहाल
तsss इsss हेsss कहब कि रविकांत तूsss ऐसहीं खेलत रहsss ... मनोज भइया के देखत रहsss
... उनकर जइसन मेह्नत करत रहsss ... बाकी सब तरह के सपोर्ट तsss रहबे करी ... तsss
अब चलsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... ठीक से रहब सभे ... खात रहीं
पीअत रहीं ... कवनों भी अफवाह से अपना के दूर राखब जाsss ... ए ही के साथ राउर इsss
रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाते टाटा ... बाय ... बाय .... सलाम नमस्ते
!!!
No comments:
Post a Comment