Published in Sanmarg on 26th Aug, 2012

हमरा तsss इsss हेsss बुझाता कि अपना देश में घपला और घोटाला के साथ हमनीके नेतागण के जनम जनम के रिश्ता बाटेsss ... शायेद एsss ही खातिर संसद भवन के सफ़ेद पोश इंसान ... काला पैसा कमाए में हर वक़्त लागल रहता लोग ... ब्लैक मनी कवन नेता किहाँ बाटे और केकरा किहाँ नइखे ... इsss बतावल तनी मुश्किल काम लाग रहल बाटेsss .... मगर दिल अभी भी हमार इsss हेsss कहेला कि ज़रूर अभी भी इमानदारी ज़िंदा बिया ना तsss आपन देश फेर से ग़ुलाम बन जाईतsss ... आज कि तारीख में बेस्ट कामेडी शो अगर देखे के मन करे तsss रउआ सभे लोकसभा भाsss राज्य सभा से जवन भी कुछ टीवी पर आवेला ओकरा के ज़रूर देख लींsss ... कसम गंगा मैया कि ... मज़ा आ जाईsss ... केहू सौ प्रतिशत चुप रहेला तsss केहू सौ प्रतिशत चिचिआतsss रहेला ... शोर - शराबा ... अनाप शनाप के तर्क बितर्क सब देखे के मिल जाला ... हमार बात मानीsss ... एकता कपूर भी अपना टीवी सीरियल में ऊ रोमांच ना देखा सकिहें .... जवन कि हमनीके एम.पी जी लोग देखा दिहेंsss  ... खैर ! दिल्ली से तनी लौट आवतानी आपन शहर कोलकता की ओर ... आजकल तsss कलकता में हर अखबार ... हर टीवी चैनल पर एक ही खबर बाटे ऑटो रिक्शा के दादागिरी ... अब कोलकाता के ऑटो वालन खाती रउआ मन में कतना प्यार बाटे और कतना नफरत इsss तsss रउआ ही बता सकब .... हम अगर मुह खोलब तsss हमार मुह से एक ही बात निकली कि इsss ऑटो वाला ... आपन शेरदिल कोलकाता पुलिस से काहे ना डेराले ... सड़क पsss खुलेआम दादागिरी चला रहल बाटे ... इsss ऑटो वाला भाई लोग ... काहे केहूsss कुछ नइखे कहत ... जब तक कवनों नेता मंत्री आपन कदम आगे नइखे बढ़ावत लोग तब तक इsss ऑटो वाला काहे केहू के बात नइखेsss मानत | मंत्री जी के कहला पsss काम होखी आsss नाsss तsss नाsss ... अइसन काहे हो रहल बाटेsss ... बिना सही कागज़ पत्री के केहू भी आपन दूपहिया भा कवनों और गाडी चलावे में बीस हाली सोचेला लोग ... तsss इsss ऑटो वालन के ... के हिम्मत दे रहल बाटे कि उsss लोग बिना कागज़ ... यहाँ तक कि बिना नंबर के भी ऑटो चला रहल बाटेsss | हमरा ख़याल से अगर आम जनता कुछ दिन इsss ऑटो पर चढ़ल बंद कई दे तsss शायद कुछ बात बनी ... इsss सही बाटे कि तकलीफ होखी ... अब रउए बताईं कि जब कवनों रोग के आपरेशन कवनों डाक्टर करेला तsss तनी बहुत त दर्द होख्बे करेला पर बिमारी के इलाज़ भी त हो जाला .... हम दावा के साथ कह सकsss तानीsss कि एक महिना अगर आम जनता एक जूट होखे इsss कह दे कि ऑटो के अत्याचार के वजह से ऑटो पर नाsss चढब जाsss ... फेर देख लीं मामला का होखताsss ... अजी हमनीके कोलकाता में बस के अच्छा ख़ासा सुविधा बाटेsss ... बस तनी टाइम हाथ में लेके निकले पड़ी ... खैर ! रउआ का ठीक लागी इsss तsss रउआ ही बता सकबsss ... हम तsss बस दू चार गो आइडिया दे सकेनीsss | वोइसे अपना शहर के टैक्सी वाला बंधू लोग भी कम अत्याचार ना करेला लोग ... उsss लोग कब पैसेंजर लीहें जाsss और कब नाsss ... इsss शायद भगवान विष्णु भी ना बता सकिहेंsss ... हम ज्यादातर टैक्सी वालन के दूबर पातर देखेनीsss ... लेकिन जब भी इsss लोगन से कहीं कि भाई फलाना ठिकाना पsss चलबsss ... तsss जवाब एक ही मिलेला कि अभी खाए जातानीsss ... हमरा इsss नइखे बुझात कि टैक्सी वालन के पेट हsss कि कुआं अरे ! भाई कतना खईबजाsss ... मोटअइलाsss पsss ढेर बेमारी घेर लीsss ... खैर ! जब कवनों नेता मंत्री कहीं एsss जा तब शायद इsss टैक्सी वालन के चाल चलन पsss भी बदलाव आई ... फिलहाल तsss सब कुछ भगवान् भरोसे बाटेsss | हम त एक ही प्रार्थना करब कि हे गंगा मैया ... हमनीके शहर के ऑटो वालन और टैक्सी वालन के तनी दिल दे दsss ... बाक़ी सब ठीक हो जाई ... आज अब हम चलsss तानीsss ... ठीक से रहब सभे ... खात रहीं ... पीअत रहीं ... कसरत करत रहीं ... काहे कि काsss जाने कब ऑटो वाला भा टैक्सी वाला रउआ से कह दे कि उsss लोग ओइजा ना जाई लोग ...  जहाँ रउआ जाए चाहsss तानीsss ... तsss पैदल एsss नूsss जाए पड़ी ... हाsss  हाsss हाsss  .. एही साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते !!! 

No comments:

Post a Comment