एगो पुरान कहावत बाटे कि बात से बात
बढ़ेलाsss ... अब हम खुल के कतना बताईं ??? आजकल तsss हम कबो नेता गन के बात से चौकsss
तानीsss तsss कबो नेता गन के हरकत से .... अब तsss हमार टाइम इsss भी सोचे में चल जाता
कि काsss अपना देश के अदालत के भी खरीदल जा सकेलाsss ??? ... खैर ! इsss बात तsss सोचे
वाली बियाsss ... आsss काहे ना सोचीsss ... माहौल ही अइसन बाटे .... लेकिन सोचे वाली
बात तsss इsss बिया कि हम आखिर कवन - कवन मुद्दा के पीछे आपन दिमाग दौडाईsss ... कहीं
सचमुच के बलात्कार हो जाता तsss कहीं झूठ के रिपोर्ट भी दर्ज हो जा रहल बाटेsss
... चक्कर इsss बाटे कि सच के सामना कैसे होखी ??? ... पता नाsss आज काहे हमार मन कह
रहल बाटे कि ... खुल के मत कह कुछ भी ... इsss हेsss चक्कर में एगो पुरान गाना भी याद
आ रहल बाटे कि ... "परदेss मेंss रहनेss दोss पर्दाss नाss उठाओss ... पर्दाss
जोss उठss गयाss तोss फिरss होss जाएगाss" ... का जी हमार बात समझे में कुछ तकलीफ
नैखे नू होखत ??? आ तकलीफ से हमनीके कवन बात के डर ... हमनी के सरकार महंगाई के बाण
चला के का कम तकलीफ देवे ले ... हमार तss एक ही गो फंडा बाटे कि भारत हमार घर बाटेsss
... कवन बात के डर बाटेsss ... अपना इsss हाँsss जतना ज़हरीला सांप ना मीले ओ से खतरनाक
नेता मंत्री बाटेsss ... डेराये से काम चलीsss का जी ???... कवनों गलत सोच हमरा दिमाग
में नइखे नू ?? आजकल असाम के लेके दिल हमार दुखाये लागता ... अब देखीं नाsss बंगलौर
में बेकार के अफवाह से लोगन के कतना परेशानी हो गईल ... अरे भाई ! एक तsss हम फिल्म
जिस्म २ के हेरोइन के बेकार के बात सुन - सुन के परेशान हो गईल बानीsss ... हमरा के
और परेशान मत करीं जाsss ... आजकल हम मसालेदार बात खाती हीरो - हेरोइन के असरा में
ना रहेनीsss .... एकरा खाती नेता मंत्री ही काफी बाटेsss लोग ... कभी विरोधी पक्ष के
साथ लड़ के हमनीके मनोरंजन कई देता लोग तsss कभी आपस में लड़ के भी लोगन के दिल बहला
देता लोग ... काsss कहीं एsss पsss नेता मंत्री के जै होsss ... जीअत रहsss लोग
... देश के जनता के चुप चाप धोअत रहsss लोग ... आsss कसम गंगा मैया कि जब तक अपना देश
में कसरत सिखाये वाला गुरु बाटेsss हमनी के फिट रहब जाsss ... हिट भी हो जाईब जाsss
... गुरु के आवाज़ पsss भीड़ के हिस्सा भी बन जाईब जाsss ... देश में काला धन आई भा
ना आईsss ... आपन आवाज़ तsss हम उठावत जाईब जाsss | मुहल्ला मुहल्ला घूमल हमार पुरान
आदत हsss ... इहे घुमला से हमरा कान में हर इलाका के बात आ जालाsss ... अभी हाल ही
में बंगाल पुलिस के कहींsss धूप कहींsss छाओं वाली बात कान में आईल हियsss ... कहे
वाला हमरा से कहल हsss कि बाली थाना में आजकल करंट के नियन तेज़ी से काम होखेला और खबर
इsss भी हमार कान में आईल हsss कि उत्तर चौबीस परगना के खरदा थाना ... आजकल के दौर
में भी बैल गाडी वाली स्पीड में यकीन राखे ले ... सुने में आईल हsss कि ओइजा अगर केहू
के एगो ऍफ़.आइ.आर लिखावे पड़े तsss लिखावे वाला के उनकर मुअल नानी याद आ जइहेंsss
... केहू खुल के कहत तsss नइखे मगर सबकर इsss हेsss राये बाटे कि खरदा थाना में अगर
केहू कवनों काम करवा सकता तsss उsss किस्मत भा भगवान् ... इsss बात पsss हम इsss कह
सकेनी कि आजकल कोलकाता पुलिस हर मामला में कदम बढ़ा के काम करे के जी तोड़ कोशिश कर
रहल बिया ... हमरा से कई लोग कहल हsss कि पहीले के मुताबिक कोलकाता पुलिस के काम करे
के तौर तरिका में बहुत सुधार आईल बाटे ... तsss काsss कहींsss... कहिये देतानीsss
... कोलकता पुलिस के जैsss होsss | तsss अब हम चलsss तानीsss ... रउआ सभे ठीक से रहब
जा ... खात रहीं ... कोशिश करीं कि दिन भर में चार लीटर पानी पी सकी जाsss ... सी यू
नेक्स्ट वीक ... एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल
बाटेsss ... टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते !!!
No comments:
Post a Comment