संसद में अडवानी जी के
बात पsss सोनिया जी के गुस्सा देखनी जब ... हमरा तsss एक पल खाती इsss लागल कि अरे
! कहीं हम टीवी पsss कवनों रिअलिटी शो तsss नईखी नूsss देखत ... खैर ! कहीं धूप कहीं
छाओं जब जेकरा मौका मिलेला उsss कर लेला काँवsss काँवsss .... आज कल नेता मंत्री कवनों
आइटम नंबर से कम ना लागेला हमरा .... अब हरयाणा के कांडा के काण्ड तsss रउआ सभे देख
ही रहल बानी मगर हमरा दिमाग में एक गो सवाल बार बार आ रहल बाटे कि उsss लइकी के माई
बाप के एको बार इsss ना लागल कि अतना कम पढ़ाई लिखाई के बावजूद उनकर लाडली आसमान के
ऊँचाई कैसे छू रहल बाड़ीsss ... अब काsss कहीं हम ... हर तरह के बात हमरा दिमाग में
आवत रहेला ... कबोsss कबोsss सरकार के काम करे के स्टाइल पsss हंसी भी आवेला लेकिन
हम चोरी छुपे हंस लेनी ... भगवान् के शुक्रगुज़ार बानी कि अपना देश में हंसला पsss
कवनों टैक्स नइखे ... वर्ना देश के फिनांस मंत्री कह देतन ... अरे ! अतना महंगाई में
इsss हंस रहल बाटेsss .... कैसे ??? पकड एकरा के ... और दबाव डाल एकरा पsss ... ओsss
पsss से भी एकर हंसी बंद ना होखे तsss एकरा के ज़मीन दे दsss ... बिना ब्याज वाली लोन
दे दsss ... भारत के किसान बना दsss एकरा के ... तब देखीं कि इsss कैसे हंसता | रउआ
सभे इsss बात के मानब कि ना हम कह ना सकेनी ... मगर हमरा विचार से आजकल नेता ... आम
जनता के ... जतना हँसावे में भा रोआवे में कामयाब बा लोग ओतना अभिनेता भी नइखे लोग
... देख लीsss तनी इsss बात पsss सोच लीsss अब कवनों देश थोड़े ही चलावे के बाटेsss
कि रउआ बिना सोचे बैठल रहब | हम रउआ सभे से कहेनी कि हमरा के ईमेल लिख के भेजी ...
जेsss भी ईमेल भेजेला हम उsss ईमेल के जवाब भेज देनी ... शुक्रिया भी कह देनी ... अगर
केहू कवनो पर्सोनल सवाल पूछेला तsss ओकरो जवाब भी दे देनी और अगर रउआ सभे में से जेsss
हमरा के ईमेल ना लिखे उनकरा के अब हम का कह सकेनी ... आलस से दोस्ती करे वाला दोस्त
तsss ना कहब ... हाँ ! जे चुप चाप रहे में विश्वास रखेला हम उनकरा के मनमोहन जी के
नाम से ही पुकारल पसंद करेनी | पसंद और नापसंद एकदम व्यक्तिगत मामला हsss ... हमनीके
कोलकाता पुलिस के कब काsss पसंद आवेला कब काsss ना आवेला कहल बड़ा मुश्किल बाटेsss
... अपना शहर कोलकाता के कुछ - कुछ इलाके में देखले बानी कि ट्राफिक पुलिस के मन लगा
के काम करल बड़ा पसंद आवेला और कुछ - कुछ इलाका में पुलिस कवनों पुतला से कम ना लागे
... कुछ कहीं एकरा पsss ना कि रउआ बुझा गईल कि हम का कहे चाहsss तानीsss ... अब का
हsss कि समझदार खाती इशारा ही काफी हsss | एने बाबा रामदेव और अन्ना बाबा के बीच बन
रहल खट - मिठिया अचार कैसे पाक रहल बाटे वो ही पsss आजकल हम ढेर नज़र गडवले बानी
... एक बात तsss हमरा दिमाग में आ रहल बाटे कि बाबा रामदेव के दिमाग में कांग्रेसी
मसाला ज़रूर बाटे ... देखी इsss तsss वक़्त ही बतायी कि सच का हवेsss | आजकल हम बंगाल
के राजनीति पsss तनी कम ध्यान देवेनी ... अब काsss हsss कि जहां कुछ उथल पुथल ना होखे
ओइजा हम आपन समय ना देवेनीsss ... एइजा तsss बस सब कुछ एकतरफा बाटे ... विरोधी पक्ष
के नाम पsss तsss कुछ बाटे ना ... तनी बहुत हो हाला हो जाला ... ओतना तsss कवनों पाड़ा
के फूटबाल मैच में ही देखे के मिल जाला ... का जी कवनों गलत बात नईखी नूsss कहत
??? खैर ! आज चलsss तानीsss ... ठीक से रहब सभे ... खात रहीं पीअत रहीं ... मस्त रही
... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... हमरा के ईमेल भेजत रहीं ... ए ही के साथ राउर
इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते
!!!
No comments:
Post a Comment