Published in Sanmarg on 16th Sept, 2012


तमाशा देख के ताली बजावे के केकर मन नाsss करेला ... लेकिन आजकल जवन तमाशा हम संसद भवन के दया से देख रहल बानी ... वोकरा खाती ताली बजायी कि रोयीं ... इहेsss समझ में नइखे आवत ... संसद भवन के ताज़ा ताज़ा टीवी रिपोर्ट पर जब भी हमार नज़र पड़ जाता ... कबो त शर्म से नज़र झुक जाता तsss कबो हम ज़मीन से जुड़ जातानीsss ... कहे के मतलब इsss हेsss बाटे कि कुछ कुछ नेता मंत्री के बात पsss हम ज़मीन पsss लोट लोट के हँसे पsss मजबूर हो जातानीsss ... हमरा ख़याल से संसद भवन से टीवी पsss जवन सीधा प्रसारण देखे के मिलेला उsss कवनों फिल्म से कम नइखे ... काsss नाsss रहेला ... ड्रामा ... ट्रेजेडी ... सस्पेंस ... कॉमेडी ... मिला जुला के सब बाटे ... अब अइसन नइखे कि ओइजा बैठे वालन में नीमन आदमी नइखे ... बाटेsss ... उsss हो बाटेsss ... हम अगर एक बात में कहीं ... तsss संसद भवन हमरा के उsss आनद देवेला ... जवन आनंद हमरा "शोले" ... "हम आपके हैं कौन" ... "दिलवाले दुल्हनिया ले जायेंगे" भा इ कहीं कि "कुछ कुछ होता है" जइसन फिल्म देख के मिलेला ... अब रउआ हमार बात के कतना गंभीरता से लेब इ त रउआ हमरा से बेहतर जानब ... लेकिन एक बात हम दिल से कहतानी ... कसम गंगा मैया कि उsss हेsss संसद भवन में कुछ कुछ अइसन आदमी भी बैठेलन जेकरा खाती आम जनता के सर गर्व से ऊपर भी उठ जाला .... हम तsss भगवान् जी से इsss हेsss प्रार्थना करेनी कि हे ! भगवान् हमनी के संसद भवन के कवनों कॉमेडी शो के बड़ स्टेज मत बना दिहsss ...खैर ! जब जवन होखे के बाटे उsss तsss होख्बे करी ... फिलहाल तsss हम इsss हेsss कहब कि मेरा भारत महान ... कार्टून बनावे वाला के भी ... करे पड़ रहल बाटे जेल में जलपान | सब ऊपर वाला के मर्ज़ी  ... अब देख लीं अपना कोलकाता में ... मछरन के अत्याचार भी कम नैखे लेकिन चक्कर तsss इsss बाटे कि मछर के मारी के ??? ... काहे किsss रउआ सभे जानsss तानीsss कि एक मछर इंसान के काsss से काsss ना बना सकेला ... हमरा तsss बुझाता कि अगर अपना शहर में मछर के तांडव बढ़ल बाटेsss तsss उsss खाली एही से कि ओकरा के मारे के रिस्क केहू लेवे नइखे चाहत ... अब देखी परिवर्तन तsss सब ना नूsss अपना सकेला भाईsss | एगो पुरान बात याद आ रहल बाटे कि हिम्मत ए मर्दा तsss मदद ए खुदा ... हिम्मत के बहुमंजिला मकान हम कह सकेनी इंडियन स्टार क्रिकेटर युवराज सिंह के ... उsss कैंसर जइसन बिमारी के मुह तोड़ जवाब देला के बाद जवन तरीका से मैदान में वापस अइलन हsss ... वोकर कवनों जवाब नइखेsss ... युवराज तोहके सलाम यार | जियsss राजा ... बजा दsss अब तू ...एक बार फिर मैदान पsss सब कर बैंड बाजा | एने अपना शहर कोलकाता में पूजा बाज़ार ठीक तरीके से शुरू नइखे भईल एsss से बड़ बड़ शौपिंग मौल के साथ साथ ... छोट छोट बाज़ार वालन के टेंशन भी बढे लागल बाटेsss ... चारो ओर एक ही बात के चर्चा बाटे कि अबकी पूजा बाज़ार में तेज़ी भाsss गर्मी ... कब से आई ??? | कुछ लोगन के तsss इsss भी कहनाम बाटे कि अबकी पूजा बाज़ार में उsss बात ना रही जवन आज से पांच साल पहीले तक के पूजा बाज़ार में रहत रहे ... खैर ! अभी समय बाटे ... हमरा ख्याल से पूजा बाज़ार ओक्टूबर के पहिला हफ्ता से ज़ोर पकड़ ली ... का जी ठीक कहा तानी नूsss ... अरे ! भाई एक तारीख के सैलरी मिली तब नूsss बाज़ार बनीsss | रउआ सभे भी दुर्गा पूजा प्लान बना लीsss कि काsss करे के बाटे ... हम तss हर दुर्गा पूजा पsss नज़र रख रहल बानी ... अगर रउआ लागे कि राउर पाड़ा के क्लब भा रउआ जहां रहेनी ओइजा कवनो दुर्गा पूजा के आयोजन हो रहल बिया ... आsss रउआ उsss पूजा के बात सभ के बतावे चाहsss तानीsss तsss प्लीज़ हमरा के इमेल कई दी | तsss आज चलsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी  ठीक से रहब सभे ... एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे  ... टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते  !!! 

No comments:

Post a Comment