भारत बंद से कतना फ़ायदा भईल इsss तsss
हम ना कह सकींsss ... हाँ ! अतना ज़रूर कह सकेनी कि अगर बंद होखला से आम जनता के ज़िन्दगी
से महंगाई गायब हो जाई तsss अइसन बंद हफ्ता में एक बार ज़रूर होखे के चाहींsss
.... राजनीति में आजकल कतना नीति रह गईल बाटे इsss सोचे वाली बात बियाsss ... पता ना
काहे !!! हमरा आजकल कुछ कुछ राजनीति पार्टी तsss कबो कबो बेहाया के गाछ नियन लागेली
सsss ... अब देखीsss .... के कब का कह रहल
बाटेsss ... वोकरा से आम जनता के काsss फैयदा होखी ... कब होखीsss ... होखबो करी कि
नाsss .... अगर भईल भी तsss देश के कहीं नुक्सान पहुंची कि नाsss ... अइसन ढेर सवाल
रउआ सभे के दिमाग में भी घुमत होखीsss ... लेकिन सबसे बड़ सवाल इsss बाटे कि का आम
जनता के लेके ... केहू सोच रहल बाटे ???... और अगर सोच रहल बाटे तsss उsss इंसान के
सोच ... हकीकत में कब बदली ??? ... कब आम जनता के कपार पर से महंगाई के बोझ उतारी
??? ... बाज़ार के हालत त केहू से छुपल नइखे ... आवे वाला दिन में का हमनीके तरकारी
खाली किताब के पन्ना पर ही देखब ... भा कहीं अइसन समय तsss ना आई कि बिकाए वाला दूल्हा
आपन कीमत के तौर पर हरियर ताज़ा साग सब्जी मांगे लागेsss ... हे भगवान् !!! ... तनी ध्यान रखिहsss .. हम इंडियन पsss .. अब
इsss बतावे वाली बात थोड़े ही बिया कि हमनी के बड़ा फेर में बानी जाsss ... अब इsss
फेर में हमनी के के डलले बाटे ??? ... हमनी के कांग्रेस सरकार या फिर अमेरिका के पाँव
के नीचे से ज़मीन के खिस्कल ... अमेरिका अगर आर्थिक मंदी से लड़ रहल बाटे तsss एकर
प्रभाव हमनी पर कतना पड़ी ??? ... इहेsss सोच में आजकल हम हौं घुमात रहेनी ... कहेवाला
तsss इsss भी कहेला कि अपना देश में भ्रष्ट नेता के संख्या बहुत ज़्यादा हो गईल बाटेsss
... अब अगर कुछ केहू करी तsss भगवान् श्री कृष्ण ही करिहें ... और एने राजनीति जगत
के लोगन के कहनाम बाटे कि राजनीति के माडर्न श्री कृष्ण तsss अब राष्ट्रपति भवन के
हवा में ही रहेलन ... बड़ा अझुराईल मामला बाटे ... का कहींsss ... एइजे खत्म करsss
तानीsss इsss बात के ... आपन दिमाग अगर हम ढेर राजनीति में लगायीब ... तsss काल जब
आलू पचीस रुपया और पियाज़ सौ रुपया भा गरीबन के दाल दू सौ रुपया किलो ख़रीदे के पड़ल
त दिमाग के चनाचूर हो जाई | का जी हम कवनों गलत बात नईखी नू कहत ... देख लेब जहाँ हमार
बात में कवनों हेर फेर लागे तsss बेहिचक हमरा के ईमेल कई देब ... रउआ सभे के ईमेल पढ़
के हमरा बड़ा मज़ा आवेला | अब तनी शहर कोलकाता के बात हो जाओ ... साऊथ कोलकाता में जवन
रविन्द्र सरोवर स्टेडियम बियाsss ओइजा के हाल सुने में आ रहल बाटे कि बड़ा बेहाल बाटे
... सूरज चाचू के डूबला के बाद तsss कवनों शरीफ आदमी उsss जगह से गुज़र ना सके ...
कहे वाला कहले बाटे कि ओइजा या यूँ कहीं कि उsss इलाका में कइ तरह के ड्रग्स बेचात
मिल जाला ... हम आपन तहकीकात जारी रखले बानी ... एक बार तनी सम्पूर्ण सबूत मिल जाए
तब बता सकब कि एकरा पीछे केकर हाथ बाटे ... अभी तक तsss इहे पता चलल बाटे कि चार पांच
आदमी के कवनों ग्रुप बिया उsss हेsss इsss काम के अंजाम दे रहल बाटे ... खबर तsss हमरा
कान में इsss हो आयेल बाटे कि ओइजा कुछ कुछ कम उम्र के खिलाडी भी ड्रग्स के शिकार हो
गईल बाटे ...अब सवाल इsss बाटे कि काsss अन्धेरा में ड्रग्स बेचे वाला ही सुबह के डूबावे
खाती जिमेदार बाटे ... खोज बिन हम जारी रखले बानी | सुने में इsss भी आईल बाटे कि ओइजा
सुबह ढेर भीड़ ना होखे ताकी कम उम्र के खिलाड़ियाँन के ड्रग्स बेचे में आसानी होखे
एकरा खाती भी उsss लोग काफी पैंतरा बाँध रहल बाटे ... अब देखी सच्चाई के सामना कब होखता
... ना कि हमरा कान में जवन बात आईल बाटे उsss महज़ एगो अफवाह हsss ... खैर ! हम तsss बस इsss हेsss दुआ करब कि हमनी के खेल कूद
के मैदान की हरियाली बनल रहे ... देश के उभरत खिलाड़ियाँन के हेल्थ भी बनल रहे | तsss
अब हम चलsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... ठीक से रहब सभे ... आपन
हेल्थ के ध्यान राखब ... मौका निकाल के मोर्निंग भा इवनिंग वाक् ज़रूर करीं ... कोलकाता
में काफी पार्क भा मैदान बाड़ी सsss ... एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला
दोस्त राकेश कह रहल बा टाटा ...बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते !!!
No comments:
Post a Comment