Published in Sanmarg on 21st Oct, 2012


कोलकाता के रंग आज देखे लायक बाटेsss ... चारो और ख़ुशी के माहौल बाटेsss ... दुर्गा  पूजा के भीड़ ... डंडिया के धूम ... काsss कहींsss ... गज़बsss ... गज़बsss । नॉर्थ कोलकाता के पूजा धूम मचाई कि साउथ कोलकाता के ... इस्ट और वेस्ट कोलकाता भी अबकी केहू से पीछे नइखेsss रहे चाहत ... इsss तsss सब पूजा मंडप देखला के बाद ही कुछ कहल जा सकेsss ... पिछला कई साल के नियन अबकी भी हम हमार साथी रेडियो जॉकी प्रज्ञा के साथे ...  एगो बंगला न्यूज़ चैनल के होके दुर्गा पूजा जज के रोल अदा कर रहल बानीsss ... कसम गंगा मइया कीsss ... अपना कोलकाता में दुर्गा पूजा के दौरान जवन कलाकारी देखे के मिलेलाsss शायद उsss कहीं ना मिलीsss ... फिलहाल मंडप मंडप घूम के हमार मन तsss इहेsss कह रहल बाटे की दुर्गा मैया के  जय होsss ...मंडप सजावे वालन कलाकार के जय होsss ... तमाम मूर्तिकार के जय होsss ... यकीन मानी हम एक बार फिर कहब कि अबकी भी कोलकाता में सजावल तमाम दुर्गा पूजा मंडप के देखला बाद रउआ सभे भी इहे कहब कि भईयाsss ... भारत दर्शन तsss काsss ... दुनिया दर्शन हो गईलsss ... बहुत कुछ देख लिहनीsss ... मन एकदम बाग़ बाग़ हो गईलsss ... मन के गार्डन में ख़ुशी के माहौल बन गईलsss । मिठाई दुकान पर तरह तरह के आइटम देखे के मिल रहल बाटेsss ... साथ ही साथ मन में एगो सवाल भी उठ रहल बाटे कि भईया जेsss इsss कहेला कि आपन राज्य में पइसा नइखे उsss कतना सही कह रहल बाsss ... खैर ! ढ़ेर सोच के काsss होखीsss ... आम जनता के हिस्सा हयींsss हम ... हमार काम हsss बस साँस लिहल ... हम ले रहल बानीsss । कबो महंगाई के नीचे दब केsss ... तsss कबो भ्रष्टाचार के आग में जल - जल केsss ... तsss कबो कुछ - कुछ नेता मंत्री के बकवास सुन - सुन केsss | बात अगर हम कहे लागींsss तsss बहुत बात निकल आयीsss ... आsss इsss तsss रउआ सभे जनबे करेनीsss कि ... बात से बात निकल आवेला ... आज कल हर तरफ केजरीवाल के बात के ही चर्चा बाटेsss ... हम तsss कबो - कबो इहोsss सोचेनी की भैया इsss केजरीवाल तsss वाकई बहुत जिगर वाला इंसान हवन ... अब रउए बताईं की जेकरा के देश के क़ानून मंत्री धमकी दे रहल बाटे उsss कतना मज़बूत  इरादा वाला इंसान हो सकेलाsss ... भाईsss माने पड़ी इsss केजरीवाल जवान के ... कतना तरह के घपला और घोटाला के खबर इsss राखेलन ...  वोइसे ... हमनीके कुछ कुछ नेता मंत्री तsss एकदम फ़िल्मी स्टाइल में धमकी देला लोग | आजकल हम इsss भी गौर कइलेsss बानी कि हर गली मुहल्ला के चाय दुकान पsss सोनिया जी अउर उनकर कांग्रेस पार्टी के ले के ढेरsss तर्क बितर्क हो रहल बाटेss ... केहू कह रहल बाटे कि उss बहुत जल्द आपन लाडला ... हम सब कर राहुल भईया के प्रधान मंत्री बना दिहेss ... तsss कुछ लोगन के कहनाम बाटे कि नाsss ... उsss अइसन ना करिहेsss ... अब रउआ दिमाग से का जवाब निकलता प्लीज़ हमरा के ईमेल कई देब ... हमार ईमेल आइडी  हss rjrakesh@yahoo.com | दुर्गा पूजा के मौका पsss ढेर राजनीति के बात अगर ना होखे तsss ओही में ढेर मज़ा बाटेsss ... काsss जीsss हम ठीक कहतानी नू ??? अच्छा तsss आज हम चलsss तानी नेक्स्ट वीक फिर मुलाकात होखी ... ठीक से रहब सभेsss ... दुर्गा पूजा के मज़ा लेत रहीं अउर हँ ! रोज़ कसरत करत रही जाsss ... काहे कि महंगाई से लड़त रहे के बाटेss ... एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाsss टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते  !!!

No comments:

Post a Comment