Published in Sanmarg on 14th Oct, 2012


कवना और हम आपन नज़र दौड़ाईsss ... रोबेर्ट भैया की ओर ... ना कि उनकर बेग़म प्रियांका के मैया की ओर ... दिमाग अझुरा गईल बाsss हमार ... कसम गंगा मईया कीsss ... समझ में नइखेsss आवत कि रोबेर्ट भईया के तक़दीर के लिखलसsss ??? ... भगवान् नsss कि उनकर सासू मईयाsss .... जब से डी एल एफ वाली बात हमरा कान में आईल हsss तब से मन बेचैन बाsss .... तरह तरह के सवाल दिमाग में आ रहल बाटेsss ... पढला लिखला से तक़दीर बनेलाsss कि बड़े घर की बेटी से बियाह कईला से ? खैर ! जब जवन होखे के बाटे तवने होखीsss .... अब सेन्ट्रल के सरकार के साँस कब तक चली इsss तsss ऊपर वाला ही बता सकीहेंsss ... मायावती के बात .... मुलायम के साथ .... केकरा  सामने जोड़े के पड़ी हाथ ... कई तरह के सवाल  खेल रहल बाटेsss लोगन के दिमाग में .... लेकिन असल सवाल तsss इsss बाटे कि भईया आपन देश घपला और घोटाला में अउर कतना डूबीsss । का कहीं .... कांग्रेस सरकार के हम दस में कतना पॉइंट दीsss ... इsss हम सोच ही नईखी पावतsss ...पता ना !!! हमरा तsss कबो - कबो इsss लागता कि .... कहीं कांग्रेस के हर नेता ....पार्टी से निकल कर, कवनों ... आपन - आपन नायका पार्टी ना बना  लेवेsss लोग .... खैर !!! जवन भी होखीsss हमनी के आम जनता खातीsss ठीकेsss होखीsss ... और वैसे भी, अगर हम पोज़िटिव थिंकिंग ना राखी तsss का करीsss | आजकल हम इsss भी सोचेनी  कि हमनी के पी एम् साहब कवन लेवल तक पोज़िटिव थिंकिंग रखेलनsss, नाsss ... नाss हम चिदंबरम साहब के ले के ज़्यादा टेंशन ना लेवे नीsss ... काहे कि उनकर बात हमारा बुझैबे ना करेsss ... आsss जवन बात  हमार दिमाग में एंट्री ना लेवेsss चाहेलाsss  ... ओकरा के लेकेsss हम ढेर टेंशन ना लेवे नीsss  | दुर्गा पूजा के रंग में आपन शहर कोलकाता अब पूरा रंग चुकल बाटेsss ... जवन तरीके से पूजा खाती खर्च भईलsss बाटेsss ... ओकरा के देख के केहूsss इsss ना कह सकेsss कि अपना राज्य में पैसा नइखेsss ... अरे !!! भाईsss ...कश्मीर से लेकर कन्याकुमारी तक के दर्शन हो जालाsss ... इsss दुर्गा पूजा के दौरान ... अबकी बार तsss हमरा इsss भी सुने में आईल बाटेsss कि ज़्यादातर पूजा में कवनो ना कवनो नेता इनवोल्वड बाsss लोगsss ... कहेsss वाला नेता तsss इsss भी कह रहल बाटे कि कई नेता के दुर्गा पूजा में तsss एक करोड़ से भी ज़्यादा रुपया खर्च हो रहल बाटेsss ... पता ना !!!  एकरा के हम सच मानीsss कि झूठsss ... अब हमरा कान में एगो बात इsss  भी आईल बाटेsss कि कुछ - कुछ नेता तsss दुर्गा पूजा के नाम पsss अच्छा ख़ासा पैसा भी वसूल लेता लोग | अबsss रउआ सभे कहब कि हम उsss नेता लोगन के नाम जाने नीsss कि नाsss ... तss अब का कहीsss हमरा  कपार पsss कवनो अन्टीना तsss नइखे ... मगर हाँ  !!! इsss तरह के खबर भी नेता लोगन के मुह से ही निकले लाsss ... अब काsss बाटेsss कि सब नेता तsss भ्रष्ट नइखे नूsss ... वरना देश कैसे चलित ??? | दुर्गा पूजा के अवार्ड लेके भी काफी हंगामा हो रहल बाटेsss ... खबर हवा में  उड़ रहल बाटेsss कि इsss साल दुर्गा पूजा के अवार्ड भी बिका रहल बाटे ... बस सही जुगाड़ होखे के चाहींsss .... इsss सब बात पsss हम तsss एक ही बात कहब ... बोलोsss दुर्गाsss माईsss कीsss ... जैsss ... हे !!!  दुर्गा मैया ... प्लीज़sss  इsss देख लीsss हsss कि हमरा कान में जवन भी बात आ रहल बाटेsss उsss सब झूठ होखेsss  ... अफवाह होखेsss  | हमरा दुर्गा पूजा बड़ा निकsss लागेला ... बस !!!  इsss हेsss उम्मीद करेनी कि अगर दुर्गा पूजा के खर्चा पsss तनी कण्ट्रोल कईल जा सकेsss ... खैर !!! ... अगर दुर्गा पूजा करेवाली इsss  क्लब ... तनी अवार्ड के रेस   से अपना के दूर रखीsss हेsss जाsss तsss शायद ... काफी अलग लागी हमनी के इsss दुर्गा पूजा  | खैर ! नवरात्र  के  मज़ाsss ली ... दुर्गा पूजा के मज़ाsss ली ... खाईsss  ... पीहीsss ... मौजsss करीsss ...हाँ  !!! ठीक  से  रहब  सभे  ... ए ही के साथ राउर इsss रेडियो अउर टीवी वाला  दोस्त  राकेश कह रहल बा कि नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ... तब तक खाती ... टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम  नमस्ते  !!!

No comments:

Post a Comment