हर सन्डे के नियन आज भी
हम रउआ सभे के द्वार पsss चल आईल बानी लेकर आपन विचार .... हमरा मन में कहे के तsss
बहुत कुछ बाटेsss दिल्ली के पास्ता से लेके बंगाल के मूढ़ी चनाचूर तक के बात .... लेकिन
शुरू करी तsss कहंवा से शुरू करी .... एकरे फेरा में हम हर पल रहेनी .... आपन देश के
हालत तsss केहू से छुपल नइखे ... ईsss कवनों गरीब भौजी के आँचर नियन हो गईल बाटेsss
....शोट कट में कहीं तsss तार - तार ... लेकिन गौर करे वाली बात एगो ईsss भी बियाsss
..... नेता मंत्री के फैमिली पर जब भी हमार नज़र पड़ रहल बाटे तsss एक बात साफ़ साफ़
नज़र आवेला कि अरे ! ई कौन दिमाग हsss जे ईsss सोच भी रहल बाटे कि अपना देश से तरक्की
नाम के चिड़िया बहुत दूर बिया ... काsss उत्तर प्रदेश .... काsss बिहार आ काsss बंगाल
.... एगो चीज़ हर जगह देखे के मिलेला कि हर जगह के ९० % नेता मंत्री के परिवार
बड़ा फल और फूल रहल बाटे | बड़ा कम हमरा नज़र में आवेला कि कवनो एक पार्टी के नेता
मंत्री के परिवार कवनों दोसर पार्टी के नेता मंत्री के परिवार से झगड़ रहल बाटे
... लेकिन पार्टी के कार्यकर्ता कुल तsss एक दूसरे के जान के दुश्मन भी बन जाला लोग
... एकरे नाम राजनीति हsss काsss ??? हमरा तsss ईsss समझ में ही नइखेsss आवत .... ठीक
बाटेsss जब तक समझ में नइखे आवत हम हौंsss पार्टी पोलिटिक्स से दूर रहब ... आsss जे
दिन ... हमरा भेजा में ईsss बात घूस गईल उsss हेsss दिन से हम हौंsss राजनेता बने के
चक्कर में घुमे लागब | आपन कलकाता में राजनीति के तालाब में डेली नहाये वालन के हम
बड़ा टेंशन में देख रहल बानी ... काsss रूलिंग पार्टी आsss काsss विरोधी पार्टी
... बात कईला पsss एगो बात के पता तsss चल रहल बाटे कि केहू खुश नइखे ... अब ख़ुशी
खाती का चाहींsss ईsss शायद समझे में हमरा तनी टाइम लागी ... राष्ट्रपति के चुनाव के
बाद ... राजनीति के मैदान में कवन लहर के देखे के मिली ... ईsss तनी सोचे वाली बात
बिया .... कहेsss वाला तsss ईsss भी कह रहल बाटे कि कवनों बड़ उथल पुथल हो सकेला
... खैर !!! हम ठहरनी आम जनता ... महंगाई और बेरोज़गारी से लड्ला के बाद जवन टाइम मिली
... ओ में कुछ कुछ होइए जाई | अबकी बरसात में आपन शहर कोलकाता के का हाल होखी इहे देखे
के बा ... नाव चलावे के अगर मौका मिल जाई त हम हौं अपना के किस्मत वाला समझ लेब
... काहे कि बिना वेनिस गईले अगर वेनिस के आनंद मिलता त का इ कम बाटे .... तनी सा बरखा
भइल कि हम सेंट्रल एव्नू में छोट छोट लइकन के पवरत देखनी ... वाह ! मज़ा आ गईल ...
बिना गाँव गईले ... गाँव के नदी नहर के नज़ारा देखे के मिल गईल |देखे के तsss
अब हमरा ईsss हो बाटे बाटे कि दक्षिण कोलकाता वाली रविन्द्र सरोवर स्टेडियम
के काया पलट कब होखताsss .... काहे कि ओइजा के काम तsss शुरू हो गईल बाटेsss ... मगर
उsss इलाका में रात के रानी कुल के घुमल अभी तक बंद नइखे भईल| तsss आज अब चलsss
तानीsss ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखीsss ... ठीक से रहब सभे ... डेली कसरत करब
सभे ... भोजपुरी से प्यार करत रहींsss ..... एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो
और टीवी वाला दोस्त राकेश का रहल बाटे ... टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम
नमस्ते !!!
No comments:
Post a Comment