Published in Sanmarg on 22nd July, 2012

सुपर स्टार राजेश खन्ना भले ही दुनिया से चल गईलनsss मगर उनकर स्टाइल लोगन के दिल में हमेशा रहीsss ... राजेश खन्ना के काsss कहींsss अभिनेता कहींsss कि नेता कहींsss ... मन तsss इहे कह रहल बाटे कि असली सुपर स्टार कह ली ... हमरा नइखे बुझात कि राजेश खन्ना नियन कबो केहू के अइसन क्रेज़ बनल होखीsss ... पंद्रह गो लगातार हिट फिल्म दिहल कवनों मज़ाक थोड़े ही हsss ... खैर ! सलाम राजेश खन्ना कहsss तानीsss और आपन इsss कालम के आगे बढ़ावsss तानीsss ... आज मन में एक ही सवाल उठ रहल बाटेsss कि काsss आपन राहुल भइया फिउचर में देश खाती कवनो बड़ ज़ीमेदारी उठा सकिहेंsss कि नाsss ... कहे वाला कहेला कि राहुल पहीले बियाह कईके देखाsss वस तब जानी ... अन्ना बाबा आन्दोलन कई लेवेलन .... कांग्रेस के हिला दिहलन हsss ... उsss भी शादी बियाह से खुद के दूर रखले बाडन ... दिमाग में एगो सवाल उठ के आईल बाटेsss कि काsss आपन राहुल भैया ... अन्ना बाबा से कहीं इंस्पाएरड तsss नइखन नूsss ... खैर ! जवन होखी हमनी के देखबे करब जा .. आम जनता और कर भी का सकेला ... शहर में गुंडई बढ़ी उsss देखब जा ... साग सब्जी के भाव अगर आसमान के छूअत रही तsss उsss देखब जाsss ... नेता मंत्री के परिवार के खूब तरक्की होखी तsss उsss देखब जाsss ... अरे ! देखेsss खाती कुछ कम थोड़े ही बाटेsss अपना देश में घपला और घोटाला के मेला तsss लागल रहेला .... आsss वो पsss से राखी सावंत जइसन आइटम के तडका भी मिल जाला तsss दिल एकदम से गार्डन गार्डन हो जाला ... और कहींsss भूले भटके आजकल आपन लालू जी के कुछ बात कहे के मौका मिल गईल तsss बस पूछीsss मत ... करेजा तsss झूमे लागेला ... संसद में बैठ के उsss जब भी आपन मुह खोलेलनsss ... इsss महंगाई के दौर में भी चेहरा पsss हंसी आ जाए लाsss ... हम तsss कहब हे !!! भगवान्sss ... लालू जी के हमेशा जीता के संसद में ले आवत रही अsss ... अरे !!! भाई हँसे के मौका तsss मिलत रहीsss ... वरना उहे न्यूज़ चैनल पsss कॉमेडी शो देखे के पड़ीsss | राष्ट्रपति के चुनाव लेके ... जवन भी देखे के मिलल उ भी कवनों बॉलीवुड फिल्म से कम ना रहे ... सस्पेंस रहे ... कॉमेडी रहे ... मिला जुला के सब कुछ रहे ... एक बात में कहीं तsss पैसा वसूल ... काsss जीsss हम कवनों गलत नईखी नूsss कहत ??? आज कल मौसम के खेल से हम तनी टेंशन में आ गईल बानीsss ... अब देखी जहां बरखा के ज़रुरत बाटेsss ओइजा तsss इsss होख्बे नइखे करत ... खैर ! हमार इsss कालम पढ़ के कोलकाता के एगो ऑटो रिक्शा चलावे वाला भाई हमरा से कहलन कि एsss भइया हर ऑटो वाला ख़राब आदमी ना हsss ... तsss हम उनकरा से कहनी कि भइया हम इsss थोड़े ही कह्लेsss बानीsss कि ऑटो वाला भाई लोग खराब हsss अरे !!! उsss लोग जेsss तरिका से कोलकाता के सड़क पsss उsss ऑटो चलावेला उsss तरिका ठीक ना हsss ... यकीन मानी शयामल दा उनकर नाम हsss ... बेहाला इलाका में ऑटो चलावेsss लन ... हमार बात सुनला के बाद अतना ज़ोर से हंस्लन कि हम काsss कहींsss ... हम कहनी कि भाई हम कवनों चुटकुला थोड़े ही सुनवनी हsss कि तू अतना हंस रहल बाड़sss ... तsss उनकर जवाब रहे कि उनकर पत्नी भी रोज़ ईsss हेsss कहेली कि कवनों ऑटो वाला के ऑटो ना चलावे आवेsss ... खैर ! हम ओइजा एगो स्टेज शो खाती गईल रहनी .. ज़्यादा बात ना भैयील ... मगर ओइजा से निकलतsss घड़ी ... कई ऑटो वाला के ईsss कहत सुननी कि राकेश भइया ... ऑटो वालन के भी दिल बाटेsss ... परिवर्तन होके रहीsss ... ट्राफिक रुल सभे केहू माने लागी ... बस तनी टाइम चाहीं ... हम मुसकुरात ओइजा से निकलनीsss | अब आज एइजा से हम हौं निक्लsss तानीsss ... नेक्स्ट वीक ... फिर मुलाक़ात होखी ... ठीक से रहब जा ... खात रही ... पीअत रहीं ... मस्त रही ... नया राष्ट्रपति जी खाती दुआ करत रही ... एsss ही के साथ राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते !!!

No comments:

Post a Comment