भारत में सरकार के काsss
काsss करेsss के चाहींsss और काsss काsss ना करेsss के चाहीsss ... इहेsss सवाल हमरा
दिमाग में आज कल खूब घूम रहल बाटेsss ... सरकार के ज़िम्मेदारी कतनाsss और आम खाए वाली
आम जनता के रोल कतनाsss ... खैर ! हम सोच के कुछ बदल तsss ना सकब मगर अतना ज़रूर बाटे
कि रउआ सभे के सोचे पर मजबूर कई देब ... सवाल सबसे पहीले इsss बाटे कि हमनीके जवन मुहल्ला
में रहेनी जाsss ... उsss साफ़ कतना रही आsss गंदा कतना रहीsss एकर फैसला के करीsss
हमनीके सरकार कि हमनी के खुद ... चार पांच दिन पहीले हम कोलकाता के चेतला हाट के ओर
गईल रहनीsss ... गन्दगी तsss देखबे कईनी ... उsss इलाका में पार्किंग के कवनों माई
बाप नइखे ... जेकरा मन में जवन आवताsss ... उहे कर रहल बाटेsss ... कहीं गाडी .. तsss
कहीं रिक्शा वैन ... तsss कहीं छोटका टेम्पो ... तsss कहीं ठेला ... दुपहिया और रिक्शा
तsss छोड़ दिहिन ... पूरा चेतला इलाका में राम राज्य बाटे ... पुलिस भी आपन काम कर
रहल बिया ... मगर देख के एगो बात महसूस कईल जा सकता कि चेतला थाना में ज़रूर कुछ कमी
बाटे या तsss पर्याप्त फ़ोर्स नईखे भा इsss हो हो सकेला कि जवन अफसर बाडन जाsss उsss
तनी नीमन इंसान हsss लोग ... हमरा तsss आजकल ... कोलकाता के हाल देख के इहेsss लागेला
कि एइजा के पुलिस के भी तनी बहुत दिल्ली के पुलिस नियन होखे के चाहींsss ... अरे
!!! भाई नियम मानला में कवनों हरज थोड़े ही बाटेsss ... खैर ! आपन कोलकाता में सब कुछ
चलेलाsss | एगो चीज़ तsss हम गौर कईले बानी कि इsss शहर कोलकाता ... बतकही करे में
सब से आगे बाटेsss ... मगर काम के मामला में तनी ढीला पड़ेनीsss जाsss ... हालांकि
पहीले से साफ़ सफाई के मामला में बहुत सुधार भईल बाटेsss मगर सच कहीं तsss दिल्ली बहुत
दूर बाटे भाईsss ... काश हर सड़क रेड रोड नियन होखित .... उम्मीद पsss दुनिया टीकल
बिया ... हम हौं उम्मीद ना छोड़ब | कोलकाता के सब्जी बाज़ार में जवन उतार चढ़ाव देखे
के मिल रहल बाटेsss ... कसम गंगा मैया कि ... मैटिनी शो के कवनों फिल्म से कम मज़ा
नइखे देत ... अभी हाल ही में जवन नज़ारा देखे के मिलल हsss ... उsss बॉलीवुड फिल्म
के एगो सीन नियन ही रहे ... खैर ! हम उsss सीन के बारे में ज्यादा चर्चा नईखी करतsss
... काहेsss कि रउआ सभे जानsss तानीsss कि कहानी काsss हsss ... कोलकाता में टैक्सी
ड्राइवर वालन दोस्तन के खिलाफ काफी शिकायत मिल रहल बाटेsss ... हमरा तsss इsss नइखे
बुझात कि आखिर हो का रहल बाटेsss ... काहे ??? टैक्सी चलावे वाला भाई लोग के बर्ताव
अइसन हो गईल बाटेsss ... पहीले तsss अइसन ना रहे ... हम तsss टैक्सी ड्राइवर से इहेsss
कहेsss चाहब कि अगर आपन परिवार छोड़ के एइजा रह ... रह रहल बाड़sss लोग आsss एsss से
दिमाग हमेशा नइखे चलत तsss जा भाई दू चार दिन के छुट्टी ले के गावें जा लोग और परिवार
ले के आवsss जाsss सब ठीक हो जाई ... घर पsss गरम खाना भी मिल जाई ... दिमाग काम करे
लागी .. पैसेंजर भी चैन पावे लागी ... टैक्सी वालन के हम हौं तारीफ़ करे लागब ... काsss
जीsss कवनों गलत बात नईखी नूsss कहत ... अजी मौक़ा मिली तsss नेता हम हौं बन जाएब नेता .... खाली एक बार तनी टैक्सी ड्राइवर दोस्तन के
मना लीsss फिर तsss हम केहू के मना के अपना ओरी वोट खिचियेsss लेबsss ... हा ! हा
! हा ! ... आज चलतानी ... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी ठीक से रहब जा ... सावन के
महिना के मज़ा ली सभे ... एsss ही के साथ अब राउर इsss रेडियो और टीवी वाला दोस्त राकेश
कह रहल बाsss टाटा ... बाय ... बाय ... सलाम नमस्ते !!!
No comments:
Post a Comment